हरपुर में कांग्रेस प्रत्याशी अजयकुमार चौरसिया के घर-घर जनसंपर्क तेज, विकास आ रोजगार के वादा
हरपुर में कांग्रेस प्रत्याशी अजयकुमार चौरसिया के घर-घर जनसंपर्क तेज, विकास आ रोजगार के वादा

वीरगंज, २९ माघ
पर्सा जिला के पर्सागढी नगरपालिका वडा नम्बर–८ हरपुर में पर्सा क्षेत्र नम्बर–२ से नेपाली कांग्रेस के प्रतिनिधिसभा सदस्य प्रत्याशी अजयकुमार चौरसिया कार्यकर्ता भेटघाट आ घरदैलो कार्यक्रम के निरन्तरता देले बाड़न।
घरदैलो के दौरान प्रत्याशी चौरसिया स्थानीय जनता से सीधा संवाद करत कहलन कि कांग्रेस नेतृत्व में ही जनहित के काम सम्भव बा। ऊ विकास, रोजगार, शिक्षा आ कृषि के प्राथमिकता में राखत आगामी दिन में जनता के जरूरत अनुसार काम करे के प्रतिबद्धता जनवलन।
चौरसिया लोकतंत्र आ समावेशी विकास के पक्ष में खड़ा नेपाली कांग्रेस के हर हाल में विजयी बनावे खातिर स्थानीय मतदातन से अपील कइलन।
कार्यक्रम में मधेश प्रदेश के भूमि व्यवस्था, कृषि तथा सहकारी मंत्री श्याम पटेल के विशेष उपस्थिति रहल।
एही संग नेपाली कांग्रेस के केन्द्रीय सदस्य रामरूप कुर्मी, सक्रिय नेता नितेन्द्र साह, विश्वमोहन दास थारु, जयराम दास थारु, विनोद ठाकुर, नन्दु चौधरी, शैलेन्द्र चौधरी आ शिवनारायण राम सहित कई नेता-कार्यकर्ता के उल्लेखनीय सहभागिता रहल।
स्थानीयवासी लोग भी उत्साह से घरदैलो कार्यक्रम में शामिल होत कांग्रेस प्रत्याशी चौरसिया के समर्थन बढ़त जाए के संकेत देले बाड़न।






