डाईन के आरोप मे जनानी उपर पिटपाट करेवाला पकडईलेंं

जनकपुरधाम २२ कुवार
सिराहा मे जनानी के डाईन के आरोप लगावत निर्घात पिटपाट करेवाला मेसे एक युवक के पुलीस पकडले बा ।
डाईन के आरोप मे बितल भादो २७ गते नवराजपुर गाँवपालिका–५ रहेवाला रामनारायण यादव के मेहरारु मूर्तिदेवी उपर पिटपाट भईल रहे । पिटपाट से मूर्तिदेवी के दु गो दाँत टुटल रहे ।
मूर्तीदेवी के स्थानीय धर्मनाथ यादव के घर मे बोलाके पिटपाट करेवाला मेसे उहे जगहा के सन्तोष यादव पकडाईल बाडन ।
प्रदेश प्रहरी कार्यालय, जनकपुरधाम आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय सिराहा के संयुक्त टोली यादव के नेपाल–भारत सीमा क्षेत्र लगे ठाडी से पकडल गईल प्रदेश प्रहरी कार्यालय, जनकपुरधाम जनवले बा ।
मूर्तिदेवी के कृष्ण यादव, धर्मनाथ यादव, सन्तोष यादव सहित ८ जने डाईन के आरोप मे भादो २७ गते रात ११ बजे मुवला के मार मारल पीडित के आरोप बा ।
पिटपाट करके भागल आउर के खोजी हो रहल प्रदेश प्रहरी प्रमुख डीआईजी धिरजप्रताप सिंह जानकारी देहनी ।
पुलीस के मुताविक पीडित पक्ष के उजुरी के आधार मे ८ जने विरुद्ध डाईन के आरोप सम्बन्धी कसुर मे मुद्दा दायर कईल बा ।






