कृषि ज्ञान केन्द्र के ७८ प्रतिशत रोपेया फ्रीज

वीरगंज २२ कुवार
प्रदेश नं २ के सरकार समय मे कार्यविधि ना मिलला के चलते कृषिज्ञान केन्द्र पर्सा के रु १५ करोड से बेसी रोपेया फ्रीज भईल बा ।
बितल आर्थिक बरीस के खातिर प्रदेश सरकार अनेकन शिर्षक मे रु २० करोड ४१ लाख ४५ हजार विनियोजन कईला पर भी सयम मे कार्यविधि ना मिलला पर रु १५ करोड ८५ लाख से बेसी रोपेया खर्च होखे नइखे सकल ।
प्रदेश सरकार भादो महिना मे कार्जक्रम तथा अनुदान शिर्षक मे रु ९ करोड ५९ लाख ३२ हजार, प्रशासनिक तलब तथा ब्याज अनुदान मे रु आठ करोड ५७ लाख ४३ हजार, सवारी साधन, मेशिनरी तथा फर्निचर खरिद मे रु एक करोड ४७ लाख, मेशिनरी तथा औजार खरिद मे रु ५२ लाख ७० हजार आ सार्वजनिक समृद्धी कार्जक्रम मे रु २५ लाख पठईला पर भी सवारी साधन खरिद मे रु ५५ लाख ३५ हजार आ कृषक के ब्याज अनुदान मे रु चार करोड मात्र खर्च भईल कार्यालय जनवले बा ।
प्रदेश सरकार समय मे कार्यविधि ना पठइला के चलते कार्जक्रम सञ्चालन होखे ना सकला पर विनियोजित बजेट के २२ प्रतिशत रकम मात्र खर्च भईल कृषि ज्ञानकेन्द्र के प्रमुख डा रामचन्द्र यादव जानकारी देहनी ।
उ मन्त्रालय से कार्यविधि आवेमे देरी भईला के चलते विनियोजित बजेट के बडका हिस्सा हरेक बरीस फ्रीज हो रहल बतवनी ।





