तस्करी कर के लियावल भैंसीं सहित दु जने पकडइलें

प्रभु यादव
बारा २२ कुवार
जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा से खटल प्रहरी टोली के गस्ती करे के क्रम मे भैंसी सहित दु जने के पकडले बा ।
फेटा गाँवपालिका वार्ड नं.१ से सार्वजनिक सडक खण्ड मे भारत से लियारहल भैंसी के संका लगला पर सोधपुछ कईला पर पकडल गईल बारा के प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी ।
पकडाईल फेटा गा.पा वार्ड नं. १ रजवटीया टोल के वरीस २३ के अरुण हजरा आ वरीस १९ के निकेश पासवान के भारत ओर से भन्सार छली कर के चोरी पैठारी करत नेपाल ओरी लियावल तीन लाख १८ हजार पडेवाला भैसी चार गो पाडा चार गो आ पाडा÷पाडी–१२ गो सहित पकडल गईल मिश्र जनकारी करावले बानी ।
पकडल गईल भैंसी, पाडा आ पाडा–पाडी सहित अरूण हजरा अउरी निकेश पासवान के भन्सार ऐन मुताविक जरुरी कारवाही के खातिर भन्सार कार्यालय वीरगंज पर्सा मे पेठावल गईल बारा प्रहरी जानकारी करावले बा ।





