कलैया अस्पताल के कर्मचारी के मनमौजी, खुन चेक ना होखे सकला पर मरिज के मृत्यु

प्रभु यादव

बारा २३ भादो

बारा जिल्ला के एक मात्र अस्पताल कलैया असणपताल के कर्मचारी सब के मनमौजी बढल सिकाईत होखे लागल बा । कर्मचारी सब आपन मननौजी से डिउटी मे आवेलन आ जाएवाला भईला से सेवाग्राही सब के समस्या भईल बतवले बाडन ।

एतवार के दिन कलैया अस्पताल मे ईमर्जेन्सी मे कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १ के रेखा देवी गुप्ता के ईलाज करावे पहुँचला पर खुन के जाँच लिखल पुर्जा लेके ल्याब मे कर्मचारी के खोजत खोजत तीन घण्टा वितल रहल माकिर भेट ना भईल विनय गुप्ता जनकारी करावले बानी । अस्पताल प्रशासन के लिखित जनकारी करावला पर भि कवनो सुनवाई ना करे सकल पिडित गुप्ता जनकारी करावले बानी ।

कलैया अस्पताल के ल्याव मे खुन के जाँच ना होखे सकला पर आपन मरिज के नारायणी अस्पताल मे भर्ना करवा के ईलाज करवावत समय सोमार के दिन मृत्यु होगईल पिडित गुप्ता सिकायत कईले बानी । बारा नागरिक समाज के अध्यक्ष उमेशलाल दास कलैया अस्पताल के छोटका से लेके बडका तकले बाहर के निजी ल्याव आ एक्सरे करवा के मरिज के ठगे के काम मे व्यापार करे मे लागल बाडन कहके सिकायत कईले बानी । डिउटी मे आईल कर्मचारी आपन अस्पताल के काम कम आ बाहर मे कमिशन आवेवाला काम मे अधिक ध्यान देहला से अस्पताल मे आवेवाला मरिज लोग के सास्ती भोगे के परहल दास जनकारी करावले बानी ।

अस्पताल भितर से बाहर मरिज के पुगावाला पर आ चेकजाँच करावे पेठावला पर दु सय से पाँच सय तक हर मरिज पर कमिसन मिलल रहल अस्पताल भितर रहल कर्मचारी जानकारी करावले बानी । अस्पताल ल्याव ईनचार्ज सेख फुल्लमहम्द से जनकारी लेहला पर ल्याब २४ घण्टा खुला रहेला आ ल्याव टेकनेसियन डिउटी करेला जनकारी करावले बानी । एतवार के दिन सुबह ८ बजे डिउटी करेवाला कर्मचारी दु जने के कुछ समस्या परला से दु घण्टा ल्याव बन्द रहल ल्याव ईन्चार्ज जनकारी करावले बानी । ओहदिन कुछ सुचना अदान प्रदान ना कईला से दुनु ल्याव टेकन्सीयन सुबह ८ बजे के समय मे डिउटी ना पुग के १० बजे आईल रहलन स्वीकाय कईले बानी ।

डिउटी रहल अखलेश कुमार झा से जनकारी लेहला पर आपन डिउटी १० बजे से सझिया के ४ बजे तक रहल सुबह ८ बजे से राजाबाबु गुप्ता के रहल रहे जनकारी करावले बानी । दसर ल्याव टेक्निसियन राजाबाबु गुप्ता जनकारी लेहला पर आपन डिउटी १० वजे से ४ बजे तक रहल सुबह ८ बजे झाजी के रहल जनकारी करावले बाडन । सुबह मे रात्री डिउटी करेवाला दु जने ८ बजे तक काम करेलान आ दिन के ८ बजे से २ बजे तक ३ जने दुपरहर से रात के ८ बजे तक एक जने के डिउटी रहेला अस्पाताल प्रशासन जनकारी करावले बा ।

एतवार के दिन सुबह ८ बजे तक ल्याव टेकनिसियन प्रदिप सिंह साथे दुजने आ ८ बजे २ बजे तक अखलेश कुमार झा आ राजाबाबु गुप्ता सँगे तीन जने के डिउटी रहल अस्पताल जनकारी करावले बा । पहिले से डिउटी मे रहल प्राविधिक दुसर आईला वाद बुझ बुझारथ कर के डिउटी छोडे के परेला अस्पताल जनकारी करावले बा । कलैया अस्पताल के मेसु गौरव महतो से जनकारी करेला फोन सम्पर्क करे खोजला पर सुईच अफ रहल रहे । निमित्त मेसु डाक्टर मनोज यादव से जनकारी लेहला पर अस्पताल प्रशासन फाट मे जनकारी आईल बा गल्ती करेवाला के छानविन करे के प्रक्रिया अगाडि बढावल गईल जानकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।