अवैध घरेलु दारू भट्टी नष्ट

प्रभु यादव
बारा २४ कुवार
बारा जिल्ला अन्तर्गत गंजभवानीपुर, डुमरबाना, सिम्रौनगढ, मधुवन, पिपरपाती लगायत के जगहा सब से चोरालुका के अवैध घरेलु दारू बनारहल जवना के प्राप्त सूचना के अधार मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा से प्र.नि.रुद्र राज कडेंल के कमाण्ड मे मातहत इकाई समेत से प्रहरी टोली खटके अवैध घरेलु दारू बनावेवाला १९ गो अवैध भट्टी नष्ट कईल गईल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जानकारी करवले बानी ।
नष्ट कईल गईल भट्टी मेसे कच्चा पदार्थ करीब १२ हजार लिटर, तईयारी दारू आठ सय लिटर नष्ट कईल गईल प्रवक्ता मिश्र जानकारी करावले बानी ।
दारू बनावे मे काम लागेवाला समान सब भी नष्ट कईल गईल बा । तीन गो मेशिन भी बरामद कर के जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा मे राखल गईल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।






