विन्दवासिनी मे नेकपा के अगुवा भेला से अनेकन निर्णय

वीरगंज २३ फागुन,
विन्दवासिनी गाँवपालिका मे नेकपा के अगुवा कार्यकर्ता भेला पुरा भईल बा ।
भेला से पालिका स्तरीय विकास निर्माण के काम के तेजी देवेके आ स्थानीय वासिन्दा के समस्या समाधान के खातिर रास्ता खोजे खातिर पार्टी के गतिशिल बनावत अगाडि बढेके निर्णय कईल बा ।
बईठक मे संविधान सभा के सदस्य राजकुमार गुप्ता अब व्यक्तिवादी ना, नीतिवादी बनत पार्टी निर्णय मुताविक जनप्रतिनिधी के अगाडि बढे खातिर निहोरा कइनी । बईठक से पार्टी काम के सञ्चालन करे खातिर लक्ष्मण चौरसिया, गम्भिरा साह एवं उत्तम तिवारी रहल तीन सदस्यीय समिति बनावल गईल बा ।
बईठक मे वार्ड अध्यक्षलोग सगिर मियाँ, सञ्जय चौहान, नेतालोग बसरुदिन अंसारी, गौरीशंकर साह, शम्भु पाण्डे, अलि मियाँ अंसारी, हनिफ मियाँ, धिरज चौरसिया, दिलिप कुमार लगायत के सहभागीता रहल रहे ।





