कोरोना संक्रमण से १७ जने के मृत्यु

काठमाण्डु २४ कुवार

शनिचर के दिने एके दिन ५००८ जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण पुष्टि भईला पर १७ जने के मृत्यु भईल बा ।

काठमाण्डु के ३, ललितपुर, मकवानपुर, रुपन्देही आ सर्लाही के २÷२ तथा भक्तपुर, धादिङ, नवलपुर, बाँके, दाङ, स्याङ्जा के एक÷एक जने के मृत्यु भईल बा ।
एकरा सँगे कोरोना संक्रमण से मृत्यु होखेवाला के संख्या ६२१ पुगल बा ।

बौद्ध, काठमाण्डु के ९० बरीस के पुरुष के शुक के दिने मेडिसिटी अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । १९ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल उ श्वासप्रश्वास मे समस्या होके २० गते अस्पताल भर्ना भईल रहलन । उनका मिर्गौला आ कलोजो के समस्या रहे ।

कीर्तिपुर, काठमाण्डु के ६८ बरीस के जनानी के शुक के दिने त्रिवि शिक्षण अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । निमोनिया होके ११ कुवार मे अस्पताल भर्ना के उनका १२ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । उनका मधुमेह के समस्या भी रहे ।

काठमाण्डु के ४८ बरीस के जनानी के शुक के दिने त्रिवि शिक्षण अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । १२ कुवार मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल उ निमोनिया होके २० गते अस्पताल भर्ना भईल रहली ।

गोदावारी, ललितपुर के ४३ बरीस के पुरुष के बियफे के दिने अल्का अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । हृदयघात होके १९ कुवार मे अस्पताल भर्ना भईल उनका २१ गते संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

धोबिघाट, ललितपुर के ४९ बरीस के पुरुष के शनिचर के दिने पाटन अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । मधुमेह आ अल्सरके समस्या भईल उनका १४ कुवार मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे आ फोक्सो मे समस्या होके २२ गते गते अस्पताल भर्ना भईल रहलन ।

पालुङ, मकवानपुर के ७७ बरीस के पुरुष के शुक के दिने वीरेन्द्र अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । २१ कुवार मे अस्पताल भर्ना भईल उनका २२ गते संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

बागमती गाँवपालिका–६, मकवानपुर के ८५ बरीस के जनानी के शनिचर के दिने चितवन मेडिकल कलेज मे मृत्यु भईल बा । बोखार, निमोनिया होके १५ कुवार मे अस्पताल भर्ना भईल उनका २० गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

भरतपुर महानगरपालिका–१, चितवन के ४७ बरीस के पुरुष के शनिचर के दिने भरतपुर अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । बोखार, खोकी आ श्वासप्रश्वास मे समस्या भईला के बाद उ शुक के दिने अस्पताल भर्ना भईल रहलन ।

भरतपुर महानरपालिका–२०, चितवन के ६७ बरीस के पुरुष के शुक के दिने होम आइसोलेसन मे मृत्यु भईल बा । क्यान्सर के मरेजी उनका शुक के दिने हि संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

बुटवल उपमहानगरपालिका–१०, रुपन्देही के ७९बरीस के पुरुष के शनिचर के दिने कोरोना विशेष अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । उनका कुवार १० मे संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

शुद्धोधन गाँवपालिका–६, रुपन्देही के ५७ बरीस के पुरुष के शुक के दिने कोरोना विशेष अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । क्षयरोग से पीडित उनका कुवार १९ गते संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

हरीवन नगरपालिका–१०, सर्लाही के ३८ बरीस के पुरुष के शनिचर के दिने चितवन मेडिकल कलेज मे मृत्यु भईल बा ।

सवारी दुर्घटना मे पर के कुवार ८ गते अस्पताल भर्ना भईल सर्लाही के युवक मे २१ कुवार मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

सर्लाही के ७१ बरीस के पुरुष के भी मृत्यु भईल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय जनवले बा ।

व्यासी, भक्तपुर के ६८ बरीस के पुरुष के शनिचर के दिने पाटन अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । १८ कुवार मे अस्पताल भर्ना भईल उनका २१ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

धादिङ के ३१ बरीस के पुरुष के शुक के दिने त्रिवि शिक्षण अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । १२ कुवार मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल उ २२ गते अस्पताल भर्ना भईल रहनी । उनका कलेजो सम्बन्धी समस्या भी रहे ।

गौंडाकोट–१, नवलपुर के ३६ बरीस के पुरुष के शुक के दिने मेडिकल कलेज अफ साइन्स, चितवन मे मृत्यु भईल बा । उनका २० कुवार मे संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
कोहलपुर नगरपालिका–९, बाँके के ३८ बरीस के पुरुष के शुक के रात भेरी अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । १३ कुवार मे नेपालगञ्ज मेडिकल कलेज मे भर्ना भईल उनका कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद २१ गते भेरी अस्पताल मे लेगईल रहे ।

घोराही उपमहानगरपालिका–३, दाङ के १५ बरीस के पुरुष के शुक के रात शिक्षण अस्पताल कोहलपुर मे बितल रात मृत्यु भईल बा । १९ गते अस्पताल भर्ना भईल रहे ।

आँधीखोला–६, स्याङ्जा के ८१ बरीस के पुरुष के शुक के रात गण्डकी मेडिकल मे मृत्यु भईल बा । मिर्गौला, मुटुसम्बन्धी दिर्घरोग भईल उनका शुक के दिने हि संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।