बलात्कार प्रयास के घटना लुकावल बिरोध मे प्रदर्शन

जनकपुरधाम २४ कुवार
खडक नगरपालिका, सप्तरी मे भईल बलात्कार प्रयास के घटना लुकावे के खोजल कहत युवालोग राजविराज मे प्रदर्शन कईले बाडन ।
“बलात्कार प्रयास के घट्ना के तोपताप करेके ना मिली, दोषी उपर कारबाही कर, बलात्कार करेवाला अपराधी जोगावे खातिर पञ्चायती बईठावे के ना मिली” जईसन नारा लिखल प्लेकार्ड लेके उलोग स्थानीय गजेन्द्र चोक मे प्रदर्शन कईले बाडन ।
“बलात्कार प्रयास के घटना मे पीडक पक्ष के जरिवाना तिराके जनप्रतिनिधि आ नेता खुदे रोपेया लेहल आ पीडित के उलटे बयान बदले खातिर दबाब देहल मिलला के बाद हमनी चुप ना रहेम” प्रदर्शन मे सहभागी जनानी अधिकारकर्मी सुनिता साह कहनी, “दोषी के कारबाही ना करे तक हमनी लगातार आन्दोलन करत रहेम ।”
प्रदर्शन मे सहभागी युवा सुरज यादव जनप्रतिनिधी आ स्थानीय नेता अपराधी के संरक्षण कईला पर बलात्कार के घटना बढल बतवनी । उ बलात्कारी के साथे उनका संरक्षण करेवाला आदमी के भी कारवाही करेके बिचार रखले रहनी ।
१५ भादो मे खडक नगरपालिका ११ लालपुर के दु किशोरी सँगे तीन जने युवक बलात्कार के प्रयास कईले रहलन । पीडित परिवार ई बारेमे पुलीस के जानकारी करवले रहे ।
माकिर जाहेरी दर्ता ना करे खातिर मेयर हेमायु हक, वार्ड अध्यक्ष रामकृष्ण चौधरी, नेकपा नेता शत्रुद्यन साह “आजाद”, जनता समाजवादी पार्टी के परमेश्वर साह, लक्ष्मी मण्डल, राजाराम यादव लगायत इलाका प्रहरी कार्यालय कल्याणपुर मे पञ्चायती राख के पीडक पक्ष से पीडित पक्ष के रु ५ लाख ५० हजार भरावे के निर्णय कईले रहे ।
पीडक पक्ष से लेहल ३ लाख ५ हजार परमेश्वर साह आ लक्ष्मी मण्डल के संयुक्त हस्ताक्षर मे सृजना फाइनान्स के बोदे बर्साइन शाखा मे खाता खोलके राखल बा । ई घटन बाहर अइला के बाद परमेश्वर आ लक्ष्मी खाता से १ लाख ५० हजार निकाल के आपन साथ मे रखले बाडन ।
उलोग रोपेया देखा के आर्थिक प्रलोभन मे पारेके आ पीडित परिवार के बयान बदले खातिर दबाब देवेके काम करत आईल बाडन ।






