मोटरसाईकल आ साईकल एक आपस मे लडला पर ४ जने घायल

मेघराज राय

जीराभवानी २५ कुवार

ठोरी गाँवपालिका वार्ड नम्बर–४ मालीबस्ती मे आजु दिन के मोटरसाईकल आ साइकल ठोकईला पर मोटरसाईकल आ साइकल मे सवार ४ जने घायल भईल बाडन ।

वार्ड नं. ४ के मालिवस्ती लगे हुलाकी सडक मे विजयवस्ती से मालिवस्ती ओरी जा रहल भारतीय नम्बर प्लेट बिआर ए ई ९५१५ के मोटरसाइकल उलटा रास्ता से आ रहल साइकल के ठोकर मारल विजयवस्ती पुलीस जानकारी देहले बा ।

ठोकर से साइकल मे सवार ठोरी–३, ब्रम्हानगर के आयुष श्रेष्ठ गम्भिर घायल भईल विजयवस्ती प्रहरी चौकी के प्रहरी सहायक निरिक्षक सुदामा प्रसाद यादव बतवनी । श्रेष्ठ के मुडि मे चोट लागल बा ।

एहितरे दुर्घटना मे मोटरसाइकल चालक छिपहरमाई गापा–३ के राजेश साह के भी हाथ टुटल प्रसनि यादव बतवनी ।
घायल दुनु जने के ईलाज के खातिर बीरगंज स्थित न्युरो अस्पताल पठावल गईल उ बतवनी ।

मोटरसाईकल आ साइकल मे पछाडी सवार आउर २ जने के सामान्य चोट लागल पुलीस जनवले बा । उ मालीबस्ती सडक खण्ड मे कुवार महिना भितर मे चार गो सवारी दुर्घटना भईल पुलीस जनवले बा ।

साथे एक जने के मृत्यु भी भईल बा । पुलीस के मुताविक उ सडक खण्ड पुरे खुला आ चौक चौराहा घना बस्ती ना भईला के चलते सवारी चालकलोग ओभर स्पीड मे सवारी चलईला से बहुते दुर्घटना हो रहल मिलल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।