अनेरास्ववियु क्रान्तिकारी के १३ वाँ समेलन से अध्यक्ष मे यादव चयन

प्रभु यादव
बारा ३ कुवार
बारा के कलैया मे अखिल नेपाल राष्ट्रिय स्वतन्त्र विद्यार्थी युनियन के १३ वाँ जिल्ला समेलन पुरा भईल बा ।
समेलन मे ५१ सदस्यीय कमिटी चयन कईल गईल बा । नयाँ नृतित्व मे चयन कईल गईल कमिटी के अध्यक्ष मे सन्दीप यादव सहित ५१ सदस्ययी समिति सर्वसहमती मे चयन भईल बा । उपाध्यक्ष मे दिपेन्द्र यादव, सचिन कुशवाहा, सफार संसुर आ सुमन खुलाल सर्वसहमत चयन भईल बाडन । सचिव मे जुना धिमिरे, सह–सचिव मे कृष्णमोहन सहनी आ शशिकान्त चौधरी चयन भईल बानी ।
कोषाध्यक्ष मे सुशील कुमार माली आ सह–कोषाध्यक्ष मे अखिल पटेल चयन भईल बाडन । सदस्य पद मे त्रिलोकी गुप्ता, बिक्की गुप्ता, श्याम कुमार चौहान, मुकेश कुमार, दिपेन्द्र यादव, राहुल पटेल, दुर्गेस कुमार ठाकुर, अभिषेक कुमार, रोहन चौधरी, रूपेन्द्र ठाकुर, स्यारोलिक लामा आ छवि विक लगायत के सर्वसहमत चयन भईल बाडन ।
उदघाटन सत्र मे के पार्टी के केन्द्रीय सदस्य, प्रदेश २ के सदस्य, पार्टी के जनवर्गीय संगठन के अध्यक्ष आ जिल्ला के शिर्ष नेता सब के सहभागिता रहल जिल्ला कमिटी सदस्य रमेश साह जनकारी करावले बानी ।






