सावधानी बिना ठोरी ५ मे जसपा के सभा, बाबुराम भट्टराई सहित मुख्यमन्त्री कईलें सम्बोधन

मेघराज राय

जीराभवानी २६ कुवार

कोरोना महामारी से उग्ररुप लेरहल समय जनता सामाजवादी पार्टी के बरिष्ठ नेता तथा पुर्ब प्रधानमन्त्री बाबुराम भट्टराई के अध्यक्षता तथा ठोरी गा.पा. अध्यक्ष जरी लामा के सभापतित्व मे प्रदेश नम्बर २ के ठोरी ५ के सुबर्णपुर मे बृहत पार्टी प्रवेश तथा सुभकामना आदनप्रदान कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

कोरोना संक्रमण फईले ना देवे खातिर २५ जने से बेसी उपस्थित ना होखे खातिर सरकार से कईल निहोरा के संसद के तिसरका बडका दल गम्भिर उल्लंघन कईले बा ।

पर्सा जिल्ला प्रसाशन बितल एक हप्ता अगाडी मठ मन्दिर पार्टी सभा मे २५ जने से बेसी आदमी के भेला सभा मे रोक लगावल समय जिल्ला प्रसाशन के निर्देशन के खिल्ली उडावत स्वास्थ्य सावधानी बिना कईल सभा के बाबुराम भट्टराई सहित प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत आ पुर्व स्वास्थ तथा उपप्रधानमन्त्री उपेन्द्र यादव सम्बोधन कईले बानी ।

सभा के सम्बोधन करत प्रमुख अतिथि भी रहल पुर्व प्रधानमन्त्री डा. बाबुराम भट्टराई नेपाली काङ्ग्रेस बूढ गाई भईला से गोबर बाहेक कुछो देवे ना सकेके आ नेकपा सडल कोहडा भईल व्यगंय कईले रहनी ।

प्रदेश नम्बर २ के मुख्य मन्त्री लालबाबु राउत संघिय सरकार मधेसी जनजाति उत्पीडित जनता संगे बिभेद कईल बतवनी । एहितरे जसपा के केन्द्रीय अध्यक्ष उपेन्द्र यादव अब के चुनाव मे सातु प्रदेश मे जसपा सरकार बनेके जिकिर भी कईले रहनी ।

जसपा सोमार के दिने पर्सा के ठोरी गाँवपालिका के सुबर्णपुर मे कईल पार्टी प्रवेश कार्जक्रम मे नेपाली काँग्रेस आ नेकपा लगायत अनेकन पार्टी परित्याग करके ३५५ जने कार्यकर्ता आ समर्थकलोग के प्रमुख नेतालोग पार्टी प्रवेश करईले रहनी ।

ई भेला सम्बन्ध मे जनस्वास्थ्य विज्ञलोग ई समय मे राजनीतिक सभा आ जमघट कईला पर कोरोना संक्रमण फईलेके खतरा बहुते रहल बतवले बाडन ।

उ कार्जक्रम मे जसपा के नेता राजेन्द्र श्रेष्ठ, पर्सा क्षेत्र नम्बर ३ के निलम्बित सांसद हरिनारायण रौनियार, क्षेत्र नम्बर एक के सांसद प्रदीप यादव, पर्सा क्षेत्र नम्बर चार (ख) के सिंहासन साह कलावार, बिधायक मन्जुर अन्सारी, भिमा यादव, करिमा बेगम, प्रहलाद गिरी, जसपा के नेत्री किरन यादव, बिरेन्द्र यादव, सखुवाप्रसौनीका गाँवपालिका के प्रमुख प्रदिप जैसवाल, जसपा के जिल्ला अध्यक्ष जरी लामा, बिमल प्रधान लगायत करिब ७ सय से बेसी नेता कार्यकर्तालोग के सहभागीता रहल रहे ।

कार्जक्रम के सवागत मनतब्य पुर्व कृषि राज्य मन्त्री तथा जसपा के नेता मोहनलाल चौधरी कईले रहनी आ कार्जक्रम के सञ्चालन जसपा ठोरी के युवा नेता चन्द्र श्रेष्ठ कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।