वीरगंज–२२ मनियारी के खेत से ८ हजार ९१५ पिस लागूऔषध मिलल

वीरगंज ०७ कुवार
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर २२ मनियारी स्थित खेत मे बहुते परिमाण मे लावारिस अवस्था मे रहल लागूऔषध बरामद भईल बा । मनियारी स्थित देवेन्द्र यादव के खाली खेत मे ८ हजार ९१५ पिस लागूऔषध लावारिस अवस्था मे मिलल बा ।
दु गो बोरा मे रहल डाइजेपाम २ हजार ३३५ थान, नुर्फिन ३ हजार १६९ थान आ फेनरागन ३ हजार ४११ थान करके कूल ८ हजार ९१५ थान लागूऔषध बरामद भईल पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक कोमल शाह जानकारी देहनी ।
शाह के मुताविक स्थानीय से देहल सूचना मुताविक वडा प्रहरी कार्यालय श्रीपुर से प्रहरी निरीक्षक धर्मजंग थिङ के नेतृत्व मे खटल पुलीस टोली यादव के खाली रहल खेत मे पुगके लावारिस अवस्था मे रहल उ लागूऔषध बरामद कईले बा । बरामद लागूऔषध के बारे मे आउर अनुसन्धान हो रहल प्रहरी उपरीक्षक शाह बतवनी ।






