जयमंगल के हत्या करके फरार भईल श्यामकिशोर ३३ बरीस के बाद पकडईलें

प्रभु यादव

बारा २८ कुवार

बारा के सिम्रौनगढ के जयमंगल प्रसाद के हत्या करके फरार भईल श्यामकिशोर प्रसाद कुशवाहा ३३ बरीस के बाद पकडाईल बाडन ।

पुलीस के मुताविक सिम्रौनगढ नगरपालिका–७ खजानी टोल रहेवाला कुशवाहा २०४४ साल भादो ५ गते तत्कालिन कोहलपुर (अभी सिम्रौनगढ नगरपालिका–६) रहेवाला जयमंगल प्रसाद के हत्या करके फरार भईल रहलन ।

उ हत्या घट्ना मे बारा जिल्ला अदालत २०४७ साल कुवार २८ गते कुशवाहा विरुद्व १० बरीस कैद सजाय सुनवले रहे ।

कैद सजाय मिलला पर भी फरार रहल उनका प्रदेश प्रहरी जनकपुरधाम आ इलाका प्रहरी कार्यालय सिम्रौनगढ बारा के संयुक्त टोली नेपाल भारत सीमा क्षेत्र सिम्रौनगढ नगरपालिका–२ से बुध के दिने सबेरे नियन्त्रण मे लेहल प्रदेश प्रहरी कार्यालयल, जनकपुरधाम जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।