बलात्कार के बाद हत्या कईल आरोप मे एक जने पकडईलें

जनकपुरधाम २९ कुवार

१४ बरीस के लइकी के बलात्कार के बाद हत्या कईल आरोप मे एक जने पकडाईल बाडन । पकडाएवाला मे रौतहट के बृन्दाबन नगरपालिका–४ स्थित हर्दिया पल्टुवा रहेवाला ४५ बरीस के चुनु साह रहल बाडन ।

साह के प्रदेश प्रहरी कार्यालय जनकपुरधाम आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट से खटल संयुक्त टोली गरुडा नगरपालिका ४ से चोरालुका के रहल अवस्था मे पकडल गईल बा ।

अनुसन्धान के समय मे साह बितल कुवार १६ गते गढीमाई नगरपालिका–१ समनपुर घर भईल बृन्दावन नगरपालिका–४ स्थित बाबा के घर मे रहत आईल १४ बरीस के लइकी के ऊँख के खेत मे जबरजस्ती करणी के बाद घेंट दाब के हत्या कईल मिलल प्रदेश प्रहरी प्रमुख डिआइजी धिरजप्रताप सिंह बतवनी ।

‘साह भुलिया के लइकी सँगे जबरजस्ती करणी कईल देखल गईल बा,’ कहत डीआईजी सिंह, ‘लइकी दोसर से कहेके बतईला के बाद हाथ से घेंट दाब के हत्या कईले बाडन ।

प्रारम्भिक अनुसन्धान के समय मे मृतक लइकी आ साह के बेटी मिलेवाला साथी भईल आ आपन घर मे आवत जावत करत अईला मे पहिले से हि साह लइकी उपर खराब दृष्टि राखल मिलल बा ।

पकडाईल साह अपराध स्वीकार कईल बतावत डीआईजी सिंह उनका विरुद्व रौतहट जिल्ला अदालत से १५ दिन के म्याद थप कराके आउर अनुसन्धान हो रहल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।