अलुवा के बोरा भितर से साढे तीन लाख रोपेया मिलल, दु जने पकडईलें

वीरगंज १२ असाढ

पर्सा से सशस्त्र पुलीस स्रोत ना खुलल ३ लाख ५३ हजार रोपेया सहित दु जने के पकडले बा ।

छिपहरमाई गाँवपालिका–२ के ३३ बरीस के जन्मजय यादव आ २० बरीस के रंजन बैठा के सशस्त्र पुलीस नियन्त्रण मे लेहले बा ।

उलोग के साथ से एक हजार, पाँच सय, एक सय, ५०, २०, १० आ ५ दर के नोट करके कुल ३ लाख ५५ हजार बरामद भईल सशस्त्र पुलीस जनवले बा ।

सशत्र प्रहरी बोर्डर आउट पोस्ट छिपहरमाई भिस्वा के टोली उलोग के नियन्त्रण मे लेहले रहे ।

आलु के बोरा मे लुकाके नेपाल लिया रहल अवस्था मे उ रोपेया सहित उलोग के नियन्त्रण मे लेहल सशस्त्र पुलीस जनवले बा ।

बरामद कईल रोपेया के उलोग स्रोत खुलावे ना सकल सशस्त्र पुलीस के दाबी बा ।

सशस्त्र पुलीस उलोग से प्रयोग कईल बीआर २२ भी ३८२५ भारतीय नम्बर के मोटरसाइकल भी बरामद कईले बा ।

पकडाईल दुनु जने के जरुरी कारबाही के खातिर इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया मे बुझावल गईल बा ।
दुनु जने के बैंिकङ तथा वित्तीय कसुर मुद्धा अन्तर्गत कारबाही प्रक्रिया अगाडि बढावे के प्रहरी निरीक्षक चन्द्र सिंह जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।