सरकारी कार्यालय मे रहल विकृति सब हटाएम : प्रजिअ नेपाल

प्रभु यादव
बारा २९ कुवार
बारा के सरकारी कार्यालय मे रहल विकृति सब हटावेके प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिपकराज नेपाल दाबी कईले बानी ।
मकवानपुर से सरूवा होके बारा मे आईल प्रजिअ पत्रकार सब के भेटघाट कार्जक्रम मे अईसन जनकारी देहले बानी ।
जिल्ला मे बढरहल अपराध के नियुनिकरण कर के शान्ति सुरक्षा कायम राखे मे महत्वपुर्ण भुमिका रही कहके नेपाल कहनी ।
जिल्ला मे सुरक्षित र सुशासन कायम राखेला सरोकारवाला सब के सहकार्य जरूरी रहल नेपाल कहनी ।
भेटघाट कार्जक्रम मे प्रहरी उपरिक्षक कृष्ण पंगिनी, सशस्त्र प्रहरी उपरिक्षक रविराज कर्णजीत जिल्ला के शान्ति ससरक्षा कायम राखेला कवनो कसर बाकी ना राखे के जानकारी देहनी ।
भेटघाट कार्जक्रम मे सहभागी भईल पत्रकार लोग किसान के खाद बियाँ के नेपाल मे रहल अभाव के मध्यनजर करे के, कार्यालय मे नागरिक्ता खातिर आईल नागरिक के सहज रूप से प्रमाण पत्र ना मिलल मिलावे के, अउर पत्रकार विरेन्द्र साह के हत्या मे संलगन अपराधि मे से एक जने बाहर बाडन ओकरा के कानुन के कठघेरा मे लियावे खातिर सल्लाह सुझाव देहले रहलन ।






