भारतीय टेलिभिजन च्यानल जी न्यूज नेपाली से माफी मँगलख

काठमाण्डु २६ असाढ
नेपाल के प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली के बारे मे बनावल आपत्तिजनक रिपोर्ट के लेके भारतीय टेलिभिजन च्यानल जी न्यूज माफी मँगले बा ।
नेपाल मे भारतीय न्यूज च्यानलसब बन्द कईला के बाद जीन्यूज के क्षमायाचना आईल बा ।
जीन्यूज झारखण्ड कहले बा, “एगो जिम्मेवार च्यानल भईल नाता से हमनी आपन सामाग्री के लेके हरदम सजग रहेनी ।
माकिर भुलवस कुछ सामान केहु के भावना मे ठेस पुगला मे हमनी गल्ति स्वीकार भी करेनी ।
हमनी के च्यानल से “ओलीका इश्किया” शिर्षक मे प्रशारित सामाग्री नेपाल के जनता के भावना मे चोट पुगला मे हमनी दुःख व्यक्त करेके चाहत बानी । हमनी के नेपाली दर्शक के माया मिलत रहेके विश्वास बा ।”
माकिर च्यानल उ सामग्री अभी भी यूट्यूब से हटवले नइखे ।एहितरे भरतीय टेलिभिजन जी न्युज के प्रधान सम्पादक सुधीर चौधरी आपन टिप्पणी से नेपाली दर्शकलोग मे चोट पुगल कहत नेपाल के बारे मे लिखल ट्वीट हटवले बाडन ।
नेपाल मे इहाँ के कुछ मल्टी सिस्टम अपरेटरलोग भारतीय टिभी च्यानल के प्रशारण बन्द कईला के बाद पत्रकार चौधरी नेपाल के बारे मे विवादित ट्वीट लिखले रहलन ।
‘नेपाल भारतीय न्युज च्यानल के प्रसारण बन्द कईले बा ।
ई देश त भारत के न्युज च्यानल के एंकर से डराईल । सेना के त अगाडि आवेके हि ना पडल ।’
लिखले रहनी सुधिरके अईसन टिप्पणी उपर बहुते जने आपत्ति जनावत विरोध कईले रहलन ।
विरोध होखे लागला के बाद उ आपन ट्वीट हटवले बाडन ।
उ आपन ट्वीट से नेपाली दर्शकलोग के चोट पुगावल आ बहुते साथी उ बिचार सही ना भईल सुझाव देहला के बाद दुःख व्यक्त करत ट्वीट हटावल उनकर कहनाम रहे ।






