आउर ४३९२ जने मे कोरोना संक्रमण, मृतक के संख्या ७०० से बेसी

काठमाण्डु ३० कुवार
पिछिलका २४ घण्टा मे आउर ४ हजार ३९२ जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
देशभर के प्रयोगशाला मे १६ हजार ५३१ नमुना परीक्षण कईला पर १६०३ जनानी आ २७८९ पुरुष मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एकरा सँगे कुल संक्रमित के संख्या एक लाख २६ हजार १३७ पुगल बा । उलोग मेसे ७१५ जने के मृत्यु भईल बा आ ८८ हजार ४० संक्रमणमुक्त भईल बाडन । पिछिलका २४ घण्टा मे मात्र ३ हजार ५२२ संक्रमणमुक्त भईल बाडन । देशभर ३७ हजार ३८२ संक्रिय संक्रमित बाडन । उलोग मेसे ३१५ जने के आईसीयू आ ७७ जने के भेन्टिलेटर मे ईलाज हो रहल स्वास्थ्य तथा जानसंख्या मन्त्रालय जनवले बा ।
कहाँ केतना थपईलें संक्रमित ?
मन्त्रालय के मुताविक काठमाण्डु उपत्यका मे २ हजार ४०२ जने संक्रमित थपाईल बाडन, जउना मेसे काठमाण्डु के १७८४, ललितपुर के ३७४ आ भक्तपुर के २४४ जने बाडन ।
एहितरे मोरङ के २८८ जने, सुसनरी के २०२, रुपन्देही के १७६, चितवन के १२८, मकवानपुर आ नवलपुर के १२१÷१२१ जने, काभ्रे के ९०, झापा के ६५, दाङ के ६४, कास्की के ५९, प्युठान के ५३, सुर्खेत के ४४, बाँके के ४१, सप्तरी आ तनहुँ के २४÷२४ जने, सिन्धुपाल्चोक के २३ आ दैलेख के २२ जने संक्रमित भईल बाडन ।
रौतहट आ सिराहा के २१÷२१ जने, गोरखा आ नवलपरासी के २०÷२० जने, पर्सा के १८, बर्दिया के १७, धादिङ आ पाल्पा के १५÷१५ जने, बागलुङ आ गुल्मी के १४÷१४ जने, नुवाकोट आ कपिलवस्तु के १२÷१२ जने, लमजुङ आ कालीकोट के ११÷११ जने, संखुवासभा के १०, महोत्तरी के ९ तथा तेह्रथुम, सिन्धुली आ जुम्ला के ८÷८ जने मे संक्रमण देखल गईल मन्त्रालय जनवले बा ।
एहितरे इलाम, उलयपुर, बारा, रामेछाप, अर्घाखाँची आ दार्चुला के ७÷७ जने, धनुषा, दोलखा, म्याग्दी आ स्याङ्जा के ६÷६ जने, बझाङ के ५, ओखलढुंगा, ताप्लेजुङ, सर्लाही, पर्वत, रुकुम पश्चिम के ३÷३ जने, धनकुटा, रोल्पा, जाजरकोट आ बैतडी के २÷२ जने, भोजपुर, मुस्ताङ, रुकुम पूर्व, डोल्पा, सल्यान, हुम्ला, अछाम, डोटी आ बाजुरा के १÷१ जने मे भी संक्रमण पुष्टि भईल बा ।





