मालपोत कार्यालय पर्सा मे छापा, १३ कर्मचारी छुटलें, व्यवसायी उपर अनुसन्धान सुरु

वीरगंज ३० कुवार

वीरगंज स्थित मालपोत कार्यालय पर्सा मे प्रशासन छापामारी कईले बा । लेखापढी व्यवसायी सहित बियफे के रात अबेर तक कार्यालय मे रहके अवैध काम हो रहल सूचना के आधार मे प्रशासनले छापामारी कईले बा ।

बियफे के रात करिब पौने ९ बजे के समय मे कईल छापामारी के समय मे निमित्त प्रमुख सुमन कुमार झा सहित १३ जने कर्मचारी आ ८ जने लेखापढी व्यवसायी के प्रशासन के टोलीले नियन्त्रण मे लेहले रहे ।
वडा प्रहरी कार्यालय विर्ता के सहजोग मे नियन्त्रण मे लेहल कर्मचारीलोग के बोलावल समय मे हाजिर होखेवाला किसिम से छोडल गईल बा । लेखापढी कानुन व्यवसायीलोग के अनुसन्धान के खातिर पुलीस हिरासत मे राखल बा ।

लेखापढी व्यवसायीलोग धर्मेन्द्र साह, रमेश यादव, लेखमानकुमार यादव, वीरेन्द्रकुमार साह, राजेन्द्रप्रसाद चौधरी, विजय विक्रम साह, रवीभुषण प्रसाद पटेल वडा प्रहरी कार्यालय विर्ता के हिरासत मे बाडन ।

कार्यालय के तोकल समय ओरईला के बाद बाहर के आदमी के उपस्थिति मे कार्यलय मे गैरकानुनी तरिका से अवैध काम हो रहल सूचना के आधार मे छापामारी कईल सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी भिमकान्त पौडेल जानकारी देहनी ।

‘रात के साढे ८ बजे के समय मालपोत मे लेखापढी कानुन व्यवसायी आ कर्मचारी मिल के गैरकानुनी गतिविधि करत बाडन कहके सूचना आईल ।

ओकरा बाद पौने ९ बजे के समय मालपोत पुगला पर १३ जने कर्मचारी आ ८ जने लोखापढी कानुन व्यवसायी मिलल रहलन,’ कहत उ, ‘कुछ कागजातसब लियावल गईल बा । कर्मचारी आ लेखापढी व्यवसायी से बयान लेके अनुसन्धान अगाडि बढावल जाई ।’

बाहर के आदमी सहित रात के ९ बजे तक बईठके काम काहे कईल जा रहल बा कहके बात अनुसन्धान के बाद मात्र खुलेके सहायक प्रजिअ पौडेल बतवनी ।

‘कार्यालय के कामकाज प्रभावित ना होखो कहके कर्मचारीलोग के छोडल गईल बा, लेखापढी कानुन व्यवसायी के पुलीस हिरासत मे रखले बा ।

उलोग से बयान लेके आउर अनुसन्धान के बाद कारबाही प्रक्रिया अगाडि बढी ।’ सहायक प्रजिअ पौडेल कहनी ।

प्रशासन के टोली रजिष्ट्रेसन फाँट के तीन गो दराज मे राखल नगद १२ हजार २ दु सय ५५ रोपेया भी बरामद कईले बा ।

पईसा गुपेटके दजार मे राखल अवस्था मे मिलला से सेवाग्राही से घुस लेहल रोपेया हो सकेके आशंका कईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।