पर्सागढी–३ मे वित्तिय साक्षरता तथा गोष्ठी

पर्सागढी–३ मे वित्तिय साक्षरता तथा गोष्ठी

वीरगंज ०४ चईत

आशा लघुबित्त वित्तीय संस्था लिमिटेड उप–शाखा पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नं ३ वित्तिय साक्षरता तथा गोष्ठी पुरा कईले बा ।

कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि पर्सागढी नगरपालिका के नगर प्रमुख गोकर्ण पाठक पानस मे बत्ती बारके कार्जक्रम के उदघाटन करत कर्जा लेहल पईसा से हमनी बढिया जगहा मे लगानी करे खातिर निहोरा कईले रहनी ।

लघुबित्त वितीय संस्थासब जनानीलोग के समुहगत रुप मे कर्जा देवेला कि जनानीलोग उ पईसा से आपन रोजगार करत आत्म निर्भरता होखस उहे मुताविक लगानी करके आय आर्जन करे खातिर निहोरा कईले रहनी । गोष्ठी मे ५३ गो समुह के प्रमुखलोग के सहभागिता रहल रहे ।

लक्ष्मी कुमारी कोइराला के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे अनुगमन अधिकृत उत्म कुमार कार्की, रामायण चौधरी लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी । उप शाखा प्रमुख मनमोहन पंनिहर से स्वागत कईल कार्जक्रम के सहजीकरण लक्ष्मी खत्री बुढाथोकी कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।