प्रदेश २ मे १ हजार जने पुलीस भर्ना करेके तईयारी

जनकपुरधाम २ कातिक

प्रदेश २ सरकार प्रदेश प्रहरी भर्ना के तईयारी सुरु कईले बा । आन्तरिक मामिला तथा कानुन मन्त्री ज्ञानेन्द्र यादव छठ के बाद प्रहरी भर्ना सम्बन्धी विज्ञापन सार्वजनिक करेके बतवनी ।

‘एकरा खातिर एतवार के मन्त्रिपरिषद बईठक से प्रदेश लोकसेवा आयोग के सैद्धान्तिक सहमति देहल गईल बा’ कहत उ, ‘अब सभी प्रक्रिया पूरा भइला से सिधे भर्ना करेके ओरी जाएम ।’

७ सय से १ हजार भर्ना करेके तईयारी
प्रदेश सरकार पहिलका चरण मे ७ सय से १ हजार प्रहरी भर्ना करेके तइयारी कईले बा ।

‘प्रदेश मे शान्ति सुरक्षा बहाली करे खातिर पुलीस के संख्या कम बा’ मन्त्री यादव कहनी कि, ‘तत्काल २ हजारसे बेसी संख्या मे कमी बा, ओकरा के पूर्ति ना कईला पर शान्ति सुरक्षा मे कठिनाइ होखी ।’

मन्त्री यादव के मुताविक ९ हजार ६ सय ५४ जने प्रहरी के दरबन्दी रहला मे ७ हजार ३ सय ३५ जने मात्र कार्यरत बाडन । खाली दरबन्दी मे पद के पूर्ति करे खातिर भर्ना आह्वान करेके उ बतवनी ।

प्रहरी जवान से, हवल्दार, असई आ प्रहरी निरीक्षक पद तक भर्ना करेके मन्त्री यादव जानकारी देहनी ।
प्रदेश २ मे प्रहरी ऐन पारित भईल २ बरीस बितल बा ।

२७ कुवार २०७५ मे हि प्रदेश सभा से ई ऐन पारित भईला सँगे पुलीस गठन के रास्ता खुलल रहे । माकिर संघीय सरकार प्रहरी समायोजन सम्बन्धी ऐन निर्माण ना कईला से लम्हर समय तक प्रदेश मे प्रहरी भर्ना होखे ना सकल ।

संघीय सरकार से निर्माण कईल प्रहरी समन्वय ऐन राष्ट्रपति से २८ माघ २०७६ मे हि प्रमाणीकरण होके कार्यान्वयन मे अईला पर भी पुलीस भर्ना के रास्ता ना खुलल कहत ९ कुवार मे प्रदेश सरकार से गृहमन्त्री रामबादुर थापा ‘बादल’ के पत्राचार भी कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।