कवही गोठ नाका मे रहल पुलीसलोग के सेटिङ्ग मे खुलेयाम तस्करी

प्रभु यादव
बारा ०३ कातिक,
देश के सिमा सुरक्षा के खातिर नेपाल पुलीस आ सशस्त्र पुलीस के खटावल गईल बा ।
अभी के समय मे कोभिड–१९ के चलते पुरे देश हि समस्या भोग रहल बा । देश के सिमा नाका अभी शिल रहल अवस्था मे बा ।
देश के कउनो कउनो जिल्ला मे अभी भी निषेधाज्ञा हि लगावेके अवस्था सृजना भईला से निषेधाज्ञा हि लागल बा ।
कबहि गोठ नाका मे रहल ईलाका प्रहरी कार्यालय कबहि गोठ के ईन्चार्ज प्रहरी नायब निरिक्षक बिरेन्द्र गिरी के नेतृत्व मे रात के समय मे पंचगछिया नाका से ८ बजे से ९ः३० बजे तक, ११ बजे से १२ बजे तक आ सबेरे ३ बजे से ५ बजे तक के समय मे पुलीस के सेटिङ्ग मे तस्करी के समान हार्डवेयर, कस्टमेटिक समान, किराना समान, लताकपडा, बैट्रि के समानसब, गाडि के बति बुता के तस्करी हो रहल उहाँ के प्रत्यक्षदर्शीलोग बतवले बाडन ।
रात के समय मे कुछ नाका होके ५० से बेसी पडासब भी तस्करी हो रहल स्थानियवासीलोग बतवले बाडन ।
ईलाका प्रहरी कार्यालय कबहि गोठ के ईन्चार्ज सई गिरी खुदे रात के समय मे राउण्ड मे जाएके आ दिन के अराम कर रहल भी समाचार स्रोत जनवले बा ।
भारत बिहार मे दारु बन्द रहला से नेपाल के मुख्य नाकासब मे दारु के होटल भी खुलेयाम चल रहल बा ।
कबहिगोठ के मुख्य नाका रहल सन्तगँज मे भी दारु होटलसब बिना दर्ता हि बिनारोकटोट चल रहल बा ।
उ दारु होटल सँचालन कईला मे ईप्रका मे महिनावारी दे रहल एक दारु के होटल ब्यापारी नाम उल्लेख ना करेके शर्त मे बतवनी ।
नेपाल मे आलु पियाज के महगाँई बढला सँगे कबहिगोठ नाका मे रहल भारतीय नाका ओरी आलु पियाज ब्यापारी ओमप्रकाश गुप्ता से भण्डारन करके कबहिगोठ मे खटल पुलीस के मिला के सबेरे सँझिया सिमानाका पार कराके साईकल तथा मोटरसाईकल मे निर्बाधरुप मे तस्करी हो रहल स्थानियलोग के आरोप रहल बा ।
ईप्रका के ईन्चार्ज सई गिरी से बुझला पर अभी कउनो भी किसिम के तस्करी के काम ना होरहल आ ई झुठा बात भईल जानकारी करावत सिमानाका के सभी जिम्मेवारी सशस्त्र पुलीस के ह कहके खुद बाँचेके खोजल स्थानिय के आरोप रहल बा ।
सशस्त्र प्रहरी हि सिमानाका मे डियुटी मे खटेवाला भईला से हमनी ओईसन काम मे संलग्न ना रहल दाबी कइनी ।
कबहिगोठ बिओपि के ईन्चार्ज ईन्स्पेक्टर नरायण सिँह से बात कईला पर हमरा आईल एक महिना मात्र भईल आ इहाँ से तस्करी ना होरहल आ कभोकाल हम भी रात के राउण्डअप मे जानी माकिर केहु भी ना मिलल बतवनी ।






