भन्सार छल के लियारहल भईंस सहित १ जने पकडईलें

प्रभु यादव

बारा ०४ कातिक
जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा भन्सार छल के लियारहल समय एक जने के पकडले बा ।

कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नं.६ मे सडक पर आरहल पिकप के चेकजाँच करे के क्रम मे पकडल गईल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जानकारी करावले बानी ।

पकडाई आदमी पिकप चालक प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नं.५ रहनियार सुकेश्वर राय भर रहल बाडन । ना ५ च ३२८६ नम्बर के पिकप मे भारत से भन्सार छल के लिया रहल छव गो भईस के मुल्य एक लाख २० हजार बरावर के रहल प्रवक्ता मिश्र जनकारी करावले बानी ।

पकडाईल भईस के नियन्त्रण मे लेके पिकप के अन्दाजी दम नव लाख परेवाला गाडी सहित चालक सुकेश्वर राय भर समेत के भन्सार ऐन अनुसार आवश्यक कारवाही खातिर भन्सार कार्यालय वीरगंज पर्सा मे पेठावल गईल बारा प्रहरी जनकारी करवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।