गम्हरिया मे आगलागी, लाखो के नोक्सानी

मेघराज राय
जीराभवानी ०४ कातिक
पर्सा के जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नम्बर १ गम्हरिया मे काल्हु रात आगलागी भईल बा ।
स्थानीय महबिर महतो धाङ्गड के भईंस के घारी मे मोछड भगावे खातिर बारल घुर से आगलागी भईल बा ।
आगलागी के स्थानियवासी आ सशस्त्र पुलीस बि.ओ.पि. सुबर्णपुर के टोली कुछ देर मे आगी नियन्त्रण मे लेहले रहलन ।
उ आगलागी मे पर के एगो पाडा मुवल बा आ दु गो भईंस पुर्णरुप मे जरके घायल भईल बा ।
उ आगलागी से अन्दाजी ४ लाख के नोक्सानी भईल सशस्त्र प्रहरी बि.ओ.पि. सुबर्णपुर के सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक अशोक चालिसे बतवनी ।






