नेपाली कांग्रेस जिराभवानी–२ के वार्ड सभापति मे सरोज चौरसिया सर्वसम्मत

वीरगंज ०१ अगहन
नेपाली कांग्रेस के १४ वाँ महाधिवेशन अन्तर्गत पर्सा जिल्लास्थित जिराभवानी गाँवपालिका के वार्ड नं. २ के वार्ड सभापति मे सरोज चौरसिया सर्वसम्मत चयन भईल बानी ।
बुध के दिने पुरा भईल वार्ड अधिवेशन मे चौरसिया के सर्वसम्मत से वार्ड सभापति मे चयन कईल गईल बा । गाँवपालिका के वार्ड नं. २ स्थित सेढवा मे आयोजना कईल अधिवेशन मे कांग्रेस के क्रियाशील सदस्यलोग के उपस्थिति मे चौरसिया के सर्वसम्मत से वर्डा सभापति चयन कईल निर्वाचन अधिकृत रामबाबु प्रसाद कानु जानकारी देहनी ।
चौरसिया नेतृत्व मे गठन भईल वार्ड समिति के उपसभापति मे ललिता देवी, बालेश्वर यादव, सचिव मे खेमराज प्रसाद महतो, अमृत चौधरी, सह–सचिव मे विरेन्द्र महरा आ सत्म्वा चौधरी थारु रहल बाडन ।
वार्ड सभापति मे विजयी चौरसिया विद्यार्थी राजनीति के पृष्ठभूमि लेहल आदमी हउवन । उ लम्हर समय तक विकास आ सामाजिक क्षेत्र मे भी काम कईले बाडन । चौरसिया लम्हर समय से गाँवपालिका मे रहके सामाजिक आ राजनीतिक काम मे सक्रिय बाडन ।






