मधेशी पत्रकार समाज पर्सा आ बारा के अध्यक्ष देहलें राजीनामा

वीरगंज ०४ कातिक

मधेशी पत्रकार समाज नेपाल के पर्सा आ बारा के अध्यक्ष राजीनामा देहले बाडन ।

मधेशी पत्रकार समाज पर्सा के अध्यक्ष श्रवण प्रसाद साह आ बारा के अध्यक्ष अनिल कुमार गुप्ता अलग अलग रुप मे आजु समाज के केन्द्रिय अध्यक्ष मोहन सिंह के ईमेल मार्फत राजीनामा पत्र बुझवले बाडन ।

मधेशी पत्रकार समाज नेपाल के केन्द्रिय अध्यक्ष मोहन सिंह एकलौटी, मनमौजी तरिका से मधेशी पत्रकार समाज के सदस्य भी ना रहल मनोज कुमार मिश्रा के प्रदेश नं. २ के उपाध्यक्ष पद मे मनोनित कईला मे असन्तुष्टि जनावत राजीनामा देहल पत्र मे उल्लेख कईल बा ।

केन्द्रिय अध्यक्ष सिंह मधेशी पत्रकार समाज के विधान विपरित निर्णय कईला मे पर्सा आ बारा शाखा के गम्भिर ध्यानाकर्षण भईला से एकरा के मध्यनजर करत आजु के मिति से मधेशी पत्रकार समाज के कउनो भी पद मे ना रहेवाला किसिम से राजीनामा देहल पर्सा शाखा के अध्यक्ष श्रवण प्रसाद साह बतवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।