बिचौलिया के लेके अईला पर होखेवाला काम भी ढिलाई कईल जाई : सहायक प्रजिअ सेढाई

प्रभु यादव

बारा १८ पुस

बारा के कलैया मे बारा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी शिवराज सेढाई बिचौलिया के लेके आईला पर होखेवाला काम भि ढिलाई कईल जाई कहके जानकारी करवले बानी ।

सरकारी कार्यालय मे सेवाग्राही कवनो काम करावे जारहल बानी त काम करे मे कवनो कर्मचारी यदी ढिलाई करतबा भा ना करे के चाहत बा त जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे पुग के प्रमुख जिल्ला अधिकारी से ना त सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी से भेट के सिधा सिकायत करी जवना से काम के नियम से कागज मिलत बा त वा समाजिक व्यवहार से मिलेवाला काम कईल जाएके सेढाई बतावले बानी ।

द सहारा लोन सेविग्ंस को–आपरेटिभ सोसाइटी लिमिटेड कलैया शाखा के २५ वाँ बार्षिक साधारण सभा मे प्रमुख अतिथि के आसन से बोलत सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी सेढाई जनकारी करावले बानी । कार्यालय मे से सरसफाइ के काम आपने सुरू कर के हरजगह सरसफाइ करेला सुझाव देरहल बानी कहत को–अपरेटीफ के सभे सदस्य लोग आपन आपन घर से सफाई सुरू कर के स्वस्थ्य बनेके आ बननवे के सहायक प्रजिअ सेढाई जनकारी करावले बानी ।

आधुनिक साहु महाजन लेखा बैंक रहल बा माकिर सहकारी गरिब सभे के सुख दुःख मे रोजीरोटी के सहरा बनरहल सेढाई जनकारी करावले रहनी । जवना क्षेत्र मे अधिक व्यक्ति लोग रोजगारी मिली आ आर्थिक बढी उहे क्षेत्र मे आर्थिक लगानी कईला से विकास मे सहजोग मिली सेढाई बतावले बानी । कार्जक्रम के विशिष्ट अतिथि बारा प्रहरी कार्यालय के नायव उपरीक्षक राजेश थापा आपना सब के देश विकास काम करेवाला के सदैव सुरक्षा करे के काम भईल जनकारी करावले बानी ।

नागरिक समाज बारा के अध्यक्ष उमेशलाल दास सहकारी बाहेक के बैंक सब बिचवलीया सब सेही काम करत आरहल बा जवनाले बारा के जनता कहिना कहि जनकारी करावले बानी । जिल्ला प्रशाशक सब आवेला आईल माकिर विचौवलीया सब के हटावे ना सकल दास जनकारी करावले बानी ।

संचालक समिति सदस्य राकेश पाण्डे के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे ब्रमराज्य योग शाखा कलैया के सुषमा दिदी, गजभवानीपुर के गंगा बहन, प्रेस युनियन बारा के अध्यक्ष श्यामबाबु यादव, प्रयर्टक पत्रकार संघ के बारा अध्यक्ष पवन यादव, समाजवादी पत्रकार संघ के अध्यक्ष अजय साह, लगायत के लोग आपन–आपन विचार रखले रहनी ।

जयनाराण यादव के सञ्चालन मे भईल कार्जक्रम मे पत्रकार सत्यप्रकाश श्रेष्ठ, सुजित अर्याल, सिकेन्द्र पासवान, प्रभु यादव, राजेश कुशवाहा, संजिव मिश्रा, रमेश साह, दृष्टान्त चौधरी, अनिल पाण्डे लगायत के सहभागिता रहल रहे । असल कार्यकर्ता चिन्ता कुमारी, असल ऋणी चन्द्र कुमारी के दोसला ओढा के कदर पत्र देहले रहनी ।

कलैया शाखा के प्रवन्धक सुजित कुमार बडाल प्रगती विवरण प्रस्तुत कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।