भारत एकतर्फी नाका खोलला के बाद वीरगंज के सिमानाका मे तनाव

वीरगंज ०६ कातिक
कोरोना महामारी रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर ७ महिना से बन्द नाका, भारत आजु से खुला कईले बा । माकिर नेपाल ओरी के नाका कात्तिक ३० गते तक के खातिर बन्द रहल बा ।
भारत आपन देश के नाका एकतर्फी खोलला से नेपाल प्रवेश करेवाला भारतीय के नेपाली सुरक्षाकर्मी वीरगंज नाका मे रोकला के बाद तनाव भईल बा । बियफे के सबेरे भारत नाका खोलल खबर सार्वजनिक भईला के बाद भारत के रक्सौल से वीरगंज प्रवेश करे खोजेवाला भारतीय के सुरक्षाकर्मी रोकला के बाद तनाव भईल बा ।
भारत एकतर्फी रुप मे आपन नाका खोललख माकिर नेपाल के नाका बन्द हि बा, वीरगंज के इनर्वा नाका मे रहल प्रहरी चौकी के इन्चार्ज प्रहरी नायव निरिक्षक रन्जन सिंह कहनी, ओने से आदमीसब लाईन लाग के आ रहल बाडन, हमनी रोक के फिर्ता पठा रहल बानी, सबेरे से हि तानव भईल बा ।
भारत से आवेवाला के नाका खुल चुकल बा काहे रोकल कहके पुलीस से बिवाद कर रहल बतवनी । भारत नाका खोलला के बाद ओने से एक जने के भी नेपाल घुसे ना देवे खारित उपर के निर्देशन बा, ओहिसे नेपाल प्रवेश करेवाला के सम्झा बुझा के भारत ओरी हि पठावल गईल बा ।
नेपाल ओरी के नाका मे नेपाली सुरक्षाकर्मी रोकला के बाद आजु सबेरे भारतीयलोग रक्सौल इन्धन लेवे गईल नेपाली टयाङकर के मितेरीपुल मे कुछ देर अवरोध कईले रहलन ।
दशहरा, सोहोरहिया आ छठ पर्व के मध्य नजर करत भारत सरकार नेपाल से सीमा जुडल नाका आजु से खोलले बा ।
भारत सीमा नाका खुला कईला पर भी नेपाल ओरी अभी भी कातिक ३० गते तक के खातिर सीमा नाका बन्द हि बा ।
भारत आपन ओरी के नाका खोलला पर भी, नेपाल के नाका कातिक ३० तक बन्द हि रहला से उ समय भर सीमा नाका से केहु के भी आवत जावत करे ना देवेके पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी आसमान तामाङ बतवनी ।
भारत ओरी सीमा नाका खुला भईला पर भी नेपाल ओरी अभी भी नाका बन्द हि रहला से एकरा के आउर व्यवस्थित बनावे खातिर वीरगंज नाका मे बियफे से आउर सुरक्षाकर्मी तैनाथ कईल बतवनी ।
औपचारिक रुप मे कुछ नेपाली नागरिक, भारत से नेपाल आवेके चाहेलन त स्थानीय प्रशासन के अनुमति लेके शंकाचार्य गेट के नाका होके आ सकत बाडन प्रजिअ तामाङ कहनी ।
पर्सा के सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक राजेन्द्र खड्का सरकार के निर्देशन बिना अभी सीमा नाका से आवतजावत करे ना देवेके बतवनी ।
भारत के रक्सौल ओरी नाका खुलला के बाद बियफे के सबेरे ५०÷६० जने के संख्या मे नेपाल घुसे लागल भारतीय के फिर्ता पठावल जानकारी देत उ नेपाल आवे चाहेवाला नेपाली नागरिक के हक मे स्वास्थ्य सुरक्षा के मापदण्ड मुताविक क्वारेन्टाइन मे रहला पर आवेवाला कउनो भी आदमी के रोक लगावल नइखे ।
आजु से वीरगंज सीमा नाका मे आउर सुरक्षा बल भी पठावल जानकारी उ देहनी ।






