विद्यालय के लईकालईकी सब के कानुनी कार्यन्वयन लाभ आ प्रभाव के बारेमे जानकारी

प्रभु यादव
बारा १० कुआर
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १० मटिअर्वा मे विद्यालय मे पढनियार लईकालईकी के कानुनी कार्यन्वयन लाभ आ प्रभाव के सम्बन्ध मे जानकारी करावल गईल बा ।
नेपाल राष्ट्रिय माध्यमिक विद्यालय के किलास ८ से किलास १२ तक के ५० जने पढनियार लईकालईकी के कानुनी कार्यन्वयन लाभ आ प्रभाव सम्बन्ध मे जनकारी करवाके सचेत करावल गईल बा । महिला बालबालिका तथा जेष्ठ नागरिक मन्त्रालय के स–शस्त्र अनुदान सहजोग मे कलैया उपमहानगरपालिका आ विदुषी नेपाल के सहकार्य मे कार्जक्रम सम्पन्न भईल बा ।
कलैया उपमहानगरपालिका के समाजिक शाखा के तपसि चौरसिया शिक्षा के अधिकार के सम्बन्ध मे पढनियार लईकालईकी के जनकारी करावले बानी । कलैया उपमहानगरपालिका के सहकारी आ न्यायिक शाखा के कानुन अधिकृत कमल पोखरेल फौजदारी, देवानी, लईकालईकी सब के नेपाल संविधान मे रहल कानुनी अधिकार रहल व्यवस्था सब के जनकारी करावले रहनी । कलैया उपमहानगरपालीका के शिक्षा अधिकृत विजय अधिकार शिक्षा क्षेत्र मे पढनियार लईकालईकी सब के खातिर बनावल गईल कानुन के सम्बन्ध मे जनकारी करावले रहनी ।
विद्यालय मे पढनियार लईकालईकी सब के राज्य से कईल स्वस्थ्य सम्बन्ध मे लिला सापकोटा आ तुलषा दहाल प्रशिक्षण देहले रहनी । विदुषी नेपाल के अध्यक्ष सुषमा बास्कोटा, कोषाध्यक्ष सुसिला खनाल, सदस्य रामरती सोनार, सल्लाहकार निर्मला गौतम लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






