आउर २५०८ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

काठमाण्डु १५ कातिक

पिछिलका २४ घण्टा मे आउर २ हजार ५०८ जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण पुष्टि भईल बा । देशभर के प्रयोगशाला मे ९ हजार २७९ पीसीआर टेष्ट कईला पर ९७६ जनानी आ १५३२ पुरुष मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

एकरा सँगे कुल संक्रमित के संख्या १ लाख ७० हजार ७४३ पुगल बा । उलोग मेसे १ लाख ३१ हजार २२२ जने संक्रमणमुक्त भईल बाडन आ ९३७ जने के मृत्यु भईल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय जनवले बा ।

देशभर ३८ हजार ५८४ संक्रिय संक्रमित बाडन, जउना मेसे ३१ हजार ००८ होम आइसोलेसन मे बाडन । संस्थागत आइसोलेसन मे रहल मेसे २९६ जने के आईसीयू आ ६९ जने के भेन्टिलेटर मे ईलाज हो रहल बा ।

उपत्यका मे १३५७ थपईलें संक्रमित
मन्त्रालय के मुताविक काठमाण्डु उपत्यका मे मात्र १२५७ संक्रमित थपाईल बाडन, जउना मेसे काठमाण्डु के १११३ जने, ललितपुर के १९५ आ भक्तपुर के ४९ जने बाडन ।

मोरङ के १३८ जने, चितवन आ कास्की के १०९÷१०९ जने, झापा आ सुनसरी के ७६÷७६ जने, रुपन्देही के ७५, काभे के ७४, दाङ के ४६, नुवाकोट के ३९, बाँके के ३५, रौतहट आ तनहुँ के २७÷२७ जने, दोलखा के २२, बारा के २१, सप्तरी के २०, धनुषा के १८, बर्दिया के १७, बाग्लुङ आ नवलपरासी के १६÷१६ जने, बझाङ के १४, खोटाङ के १३ तथा रसुवा आ कपिलवस्तु के ११÷११ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

नवलपुर के १० जने, सिराहा, सिन्धुपाल्चोक आ दैलेख के ९÷९ जने, धादिङ के ८, सर्लाही, गोरखा आ स्याङ्जा के ७÷७ जने, अछाम के ६, पर्सा, महोत्तरी, मकवानपुर आ दार्चुला के ५÷५ जने, इलाम के ४, भोजपुर, रामेछाप, लमजुङ, गुल्मी, प्युठान, सुर्खेत, डडेलधुरा आ डोटी के ३÷३ जने, उदयपुर, सिन्धुली, पर्वत, कञ्चनपुर आ कैलाली के २÷२ जने तथा ओखलढुंगा, धनकुटा, पाँचथर, सोलुखुम्बु, पाल्पा, जाजरकोट, डोल्पा आ सल्यान के १÷१ जने मे भी संक्रमण देखल गईल मन्त्रालय जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।