कमिसन लेवे गईल मेयर के बेटा ५ लाख सहित पकडईलें

जनकपुरधाम ३१ असाढ
सिरहा मे कमिसन वापत रोपेया लेरहल समय मेयर के बेटा पकडाईल बाडन ।
जिल्ला के कल्याणपुर नगरपालिका के मेयर सूर्यनाथ मण्डल के बेटा सन्त मण्डल सहित दु जने के कमिसन वापत के ५ लाख रोपेया लेरहल समय आजु अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग बर्दिवास के टोली पकडले बा ।
मेयर मण्डल डीपीआर के काम देहला मे कमिसन लेवे खातिर आपन बेटा सन्त के बुध के दिने लहान पठवले रहलन ।
सन्त लहान नगरपालिका वार्ड नम्बर २२ से रोपेया लेरहल समय उनका सहित स्थानीय जितेन्द्र महतो के भी पकडल अख्तियार के बर्दिवास कार्यालय जनवले बा ।
“ई दु जने के ५ लाख कमिसन वापत लेरहल समय पकडल गईल बा” आयोग के वर्दिवास कार्यालय के एक कर्मचारी कहनी कि, “ई बिषय मे आउर अनुसन्धान हो रहल बा ।”





