टेडाकटी निवासी काँग्रेस नेता मण्डल के निधन

प्रभु यादव
बारा १६ कातिक
बारा जिल्ला के आर्दश कोतवाल गाँवपालिका वार्ड नम्बर ५ टेडाकटी निवासी ५२ बरीस के मेदनी महतो धानुक (मदन मण्डल) के दुःखद निधन भईल बा ।
उनकर दाह संस्कार हिन्दु परम्परा मुताविक टेडाकटी के स्थानिय नदी किनार मे कईल रहे ।
उनकर पार्थिक शरिर मे नेपाली काँग्रेस बारा जिल्ला कोषाअध्यक्ष चन्द्रशेखर यादव आ नेपाली काँग्रेस निर्वाचन क्षेत्र नम्बर १ के क्षेत्रिय सभापति एवं सिम्रौनगढ नगरपालिका के मेयर बिजय यादव संयुक्त रुप मे नेपाली काँग्रेस के झण्डा ओढा के अन्तिम श्राद्धञ्जली अर्पण कईले रहनी ।
पार्टी मे आपन जविन समर्पित कईल मण्डल के निधन से पार्टी के अपुरणिय क्षति पुगल संविधान सभा सदस्य डा. शोभाकर पराजुली बतवनी ।
उ अवसर मे पुर्व मन्त्री कलावती पासवान, नेपाली काँग्रेस के जिल्ला सभापति जयचन्द्र चौरसिया, प्रदेश ख के सभापति देवदत बछाड, महासमिति सदस्य उपेन्द्र जसवाल, मुरलीधर चौधरी, नेतालोग जवाहर साह, जमुना गुप्ता, शोभी मण्डल, राधव यादव, दिनेश पटेल, ज्वाला साह, मुना पटेल आ पत्रकार सिकेन्द्र पासवान लगायत के लोग श्राद्धञ्जली अर्पण कईले रहनी । उनकर मेहरारु, २ गो बेटा आ १ बेटी बाडि ।
करिब ३ दशक से नेपाली काँग्रेस पार्टी मे सक्रिय राजनितिक करत आईल रहनी । अभी मण्डल पार्टी के महासमिति सदस्य आ तरुण बिभाग के केन्द्रिय सदस्य रहनी ।






