शिक्षा पत्रकार समाज के प्रदेश २ मे ११ सदस्यीय कार्यसमिती गठन

प्रभु यादव
बारा ०६ पुस
शिक्षा पत्रकार समाज के प्रदेश न. २ के समिती विस्तार कईल बा । मंगर के दिने जनकपुर मे प्रदेश २ के आठ गो जिल्ला से भेला भईल पत्रकारलोग के उपस्थिती मे बाह्रखरी डटकम के सुरेश यादव (धनुषा) के संयोजकत्व मे समाज के प्रदेश ११ सदस्यीय प्रदेश कमिटी विस्तार कईल बा ।
शिक्षा पत्रकार समाज के केन्द्रिय अध्यक्ष प्रकाश सिलवाल के प्रमुख आतिथ्यता मे विस्तार कईल कमिटी के सहसंयोजक मे ग्यालेक्सी फोरके टेलिभिजन के विश्वनाथ ठाकुर (सर्लाही), सदस्यलोग मे गोरखापत्र के ललिता साह (सप्तरी), ब्रम्हास्त्र दैनिक के त्रिलोकीनाथ यादव (पर्सा) फरिच्छ नेपाल डटकम के शम्भु यादव (सिरहा), बाह्रखरी डटकम के कमलेश ठाकुर (धनुषा), रेडियो सुनगाभा के सुभद्रा भुजेल (महोत्तरी), सर्लाही अपडेट दैनिक के वन्दना झा (सर्लाही), रासस के उत्तम उपाध्याय (रौतहट), गढीन्यूज डटकम के पवन यादव (रौतहट) आ भोजपुरी टाइम्स दैनिक के प्रभु यादव (बारा) के सर्वसम्मत रुप मे चयन कईल बा ।
शिक्षा क्षेत्र मे आमूल परिवर्तन तथा शिक्षा क्षेत्र के सकारात्मक, बढिया प्रयास, समस्या, वेथिती लगायत के क्षेत्र मे कलम चलावे खातिर समाज आपन प्रादेशिक कमिटी विस्तार के निरन्तरता देवेके खातिर प्रदेश कमिटी विस्तार कईल बा । समाज एकरा से पहिले हि प्रदेश संयोजक तय कर चुकल केन्द्रिय अध्यक्ष प्रकाश सिलवाल बतवनी ।






