जनता के सिकाईत सुने खातिर कांग्रेस घरदुवरी अभियान मे

वीरगंज १६ कातिक
नेपाली काग्रेस पर्सा जनता के सिकाईत सुने खातिर वीरगंज महानगर क्षेत्र मे घर दुवरी अभियान सुरु कईले बा । काग्रेस पर्सा क्षेत्र नम्बर १ वीरगंज महानगरपालिका क्षेत्र मे घरदुवरी कार्जक्रम शुरुवात कईले बा ।
घर घर मे सिंहदरबार अईला पर भी जनता ओकर अनुभूति करे ना सकल सिकाईत बढला के बाद जनता के सिकाईत सुने आ समस्या समाधान करे करावे खातिर घरदुवरी अभियान सुरु कईल क्षेत्रिय सभापती बिजय सरार्फ बतवनी ।
वीरगंज ३० लालपर्सा आ प्रसुतीपुर मे आयोजना कईलल घर दुवरी अभियान मे स्थानीयबासी जनप्रतिनिधि से बिकास निर्माण के काम ना कईल सिकाईत कईले बाडन ।
लालपर्सा के पुर्व अध्यक्ष नागेन्द्र मण्डल निर्वाचित जनप्रतिनिधि बिकास के काम से बेसी प्रचारबाजी मे लागल सिकाईत कइनी । उ अभी गाँवघर मे शिक्षा, स्वास्थ, पुर्वाधार बिकास निर्माण के काम छोड के कार्यकर्ता पोसेमे लागल सिकाईत कइनी ।
भेला मे स्थानीय बिरेन्द्र यादव भलुहि खोला मे आईल बाढ के चलते किसान के ५ सय बिगहा जमिन डुवान मे पडला पर भी उद्दार के कउनो काम ना भईल आरोप लगवनी ।
प्रसुतीपुर मे आयोजना कईल घरदुवरी कार्जक्रम मे स्थानिय जनप्रतिनिधि गतिबिधी के बारे मे सिकाईत कईले बाडन ।
निर्वाचित सासद, प्रदेश सासद आ वार्ड अध्यक्ष आपन कार्यकर्ता के घर आरीपाछि मात्र विकास कईल आरोप लगवले बाडन । गाँव मे अभी भी नाला, बिजुली पोल नइखे ।
सडक, पानी के भी बढिया व्यवस्था नइखे, आपन कार्यकर्ता के घर अगाडि कुछ नाला, सडक बनावे के काम मात्र भईल सिकाईत कईले बाडन ।
कार्जक्रम मे नेपाली काग्रेस पर्सा के अध्यक्ष अजय द्विवेदी पर्सा के मुहार नेपाली काग्रेस हि परिवर्तन करे सकेके दाबी कइनी ।
उ अभी नेकपा आ जनता समाजवादी देश के बिकास से भी आपन पार्टी के कार्यकर्ता पोसे मे राज्य के ढुकुटी ओरवा रहल आरोप लगवनी ।
कार्जक्रम मे नेपाली कांग्रेस के पुर्व सासद अनिल रुङ्गटा पार्टी मे फुट के ना जुट के लागला पर समस्या समाधान होखेके बतवनी ।
तत्काल जनता मे देखल गईल समस्या समाधान के खातिर सम्बन्धित निकाय मे जरुरी पहल करेके बतावत समस्या समाधान ना भईला पर ओकर बिरोध मे उतरेके चेतावनी देहनी ।
क्षेत्र नम्बर १ के क्षेत्रिय सभापती बिजय सरार्फ के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे कांग्रेस नेता रामनारायण कुर्मी, वीरगंज महानगरपालिका के उपमेयर शान्ती कार्की, वार्ड नम्बर ४ के अध्यक्ष जगत साह कानु, नेता अरबिन्द गुप्ता, अलि हुसैन देवान लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






