बारा मे भईल नेपाली कांग्रेस के क्षेत्रिय अधिवेशन मे देउवा गुट विजयी
प्रभु यादव
बारा १८ अगहन
बारा मे देउवा पक्ष नेपाली काँग्रेस के १४ वां महाअधिबेशन मे ४ गो निर्वाचन क्षेत्र मे बिजय भईल बा ।
सार्वजनिक मत परिणाम के मुतावीक क्षेत्र नं १ मे क्षेत्रीय सभापति मे बिजय शंकर यादव विजय भईल बाडन । २ नम्बर क्षेत्र मे रामप्रवेश यादव, क्षेत्र नम्बर ३ मे प्रभात चौरसिया आ क्षेत्र नमबर ४ मे सुनिल गुप्ता विजयी भईल नेपाली काँग्रेस कार्यालय बारा जनाकारी कारावले बा । मत परिमाण अनुसार बिजय यादव १ सय ४ मत अधिक लियाके राम प्रसाद चौधरी के पराजित कईले बानी ।
क्षेत्र नं १ मे कुल मत ६ सय ४२ गिरहल रहल ओ मेसे ३ सय ५८ सिम्रौनगढ नपा के नगरप्रमुख यादव प्राप्त कईले रहनी आ २ सय ५४ मत राम प्रसाद चौधरी के मिलल रहे । क्षेत्र नं २ मे क्षेत्रीय सभापति मे रामप्रबेश यादव ६३ मत बेसी लिया के महागढीमाई नगरपालिका के नगरप्रमुख उपेन्द्र यादव के पराजित कईले रहनी । कुल ३ सय ७६ मत रामप्रवेश यादव के रहल आ नगरप्रमुख यादव ३ सय १३ मत लियाके पराजित भईल बानी ।
क्षेत्र नं ३ के क्षेत्रीय अधिबेशन मे क्षेत्रीय सभापति मे प्रभात कुमार चौरसिया विजयी भईल बानी । क्षेत्र नं ३ मे गिरल ५ सय ५८ मत मिलल सभापति मे विजयी भईल ३ सय २ मत लियाके बिजय भईल बानी आ प्रतिपक्षी मुकेश कुसवाहा २ सय ९१ मत लियाके पराजित भईल रहनी ।
निर्वाचन क्षेत्र नं ४ मे सुनिल गुप्ता ६७ मत अधिक मत लियाके विजयी भईल बानी । गुप्ता क्षेत्र नं ४ मे ५ सय ३ मत गिरल रहल ओ मेसे २ सय ८३ मत लियाके विजयी भईल बानी उनकर प्रतिपक्षी लालबाबु सिंह २ सय १९ मत पाके पराजित भईल बानी । निर्वाचन क्षेत्र नम्वर १, ३ आ ४ के वियफे के २ के सुकर के दिन निर्वाचन भईल रहल ।
नेपाली कांग्रेस जारी १४ औ महाधिवेशन मे नेपाली कांग्रेस बारा के पार्टी सभापति, पूर्व सभापति, पूर्व सचेतक सहित मुख्य हस्ती सब महाअधिवेशन प्रतिनिधि मे पराजित बनल बा । नेपाली काँग्रेस बारा के सभापति जयचन्द्रप्रसाद चौरसिया, संविधान सभा सदस्य तथा पूर्व सभापति लालबाबु सिँह, पूर्व सचेतक शोभाकर पराजुली, संविधान सभा सदस्य रामअयोध्या यादव लगायत मुख्य हस्ती लोग महाधिवेशन प्रतिनिधि मे पराजित भईल बानी ।
रामचन्द्र गुट से निर्वाचन क्षेत्र नम्वर २ मे रामअयोध्या यादव ४ मे लालबाबु सिह लडल रहनी । निर्वाचन क्षेत्र ३ मे देउवा गुट से जयचन्द्र प्रसाद चौरसिया आ १ मे स्वतन्त्र से पुर्व सचेतक शोभाकर पराजुली उमेदवारी देहले रहनी ।