कोरोना संक्रमण से आउर २७ जने के मृत्यु

काठमाण्डु १८ कातिक

कोरोना भाइरस संक्रमण के चलते आउर थप २७ जने के मृत्यु भईल बा ।

काठमाण्डु के ६ जने, सुनसरी के ५ जने, कास्की के ४ जने, सप्तरी के ३ जने, मोरङ आ बागलुङ के २÷२ जने, उदयपुर, सिरहा, भक्तपुर, तनहुँ आ दाङ के १÷१ जने के मृत्यु भईल प्रदेश के सामाजिक विकास मन्त्रालय आ सम्बन्धित अस्पतालसब जानकारी देहले बा ।

विराटनगर महानगरपालिका– १५ मोरङ के ५५ बरीस के जनानी के मंगर के दिन के ४ बजे नोबेल शिक्षण अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । बोखार, सरदीखोकी आ श्वासप्रश्वास मे समस्या भईला के बाद अस्पताल लेगईल उनकर मृत्यु के बाद कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

विराटनगर महानगरपालिका– ११ मोरङ के ४९ बरीस के पुरुष के मंगर के सबेरे ३ः३० बजे बिराटनगर न्युरो अस्पताल के कोभिड –१९ ईलाज केन्द्र मे मृत्यु भईल बा । १४ कातिक मे अस्पताल भर्ना भईल उनका उहे दिन कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । इनरुवा नगरपालिका– १ सुनसरी के ४५ बरीस के जनानी के मंगर के दिन के साढे २ बजे विराट शिक्षण अस्पताल मे मृत्यु भईल बा ।

कातिक १४ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद उ अस्पताल भर्ना भईल रहली । इटहरी उपमहानगरपालिका– ३ सुनसरी के ४८ बरीस के कोरोना संक्रमित पुरुष के सोमार के सँझिया ७ बजे विराट शिक्षण अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । उ ३ कातिक मे भर्ना भईल रहनी ।

धरान उपमहानगरपालिका– १६ सुनसरी के ७६ बरीस के पुरुष के मंगर के सबेरे विराट शिक्षण अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । कोरोना रिपोर्ट पोजेटिभ अईला के बाद कातिक ९ गते उनका के ईलाज के खातिर अस्पताल भर्ना कईल रहे ।

धरान उपमहानगरपालिका–१५ सुनसरी के ६३ बरीस के पुरुष के मंगर के सबेरे ३ः५० बजे विराटनगर के न्युरो अस्पताल के कोभिड– १९ ईलाज केन्द्र मे मृत्यु भईल बा । २७ कुवार मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल उ कातिक १२ गते अस्पताल भर्ना भईल रहनी ।

धरान उपमहानरगपालिका– ९ सुनसरी के ६१ बरीस के जनानी के मंगर के दिन के मृत्यु भईल बा । कातिक ५ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल उनका के कातिक १८ गते अस्पताल भर्ना कईल रहे ।

चौदण्डीगढी नगरपालिका–६ उदयपुर के ४८ बरीस के पुरुष के सोमार के रात १२ बजे के समय मृत्यु भईल बा । कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद उनका ईलाज के खातिर कातिक १२ गते अस्पताल भर्ना कईल रहे ।

सुखीपुर सिराहा के ७४ बरीस के पुरुष के सोमार के रात ११ बजे के समय विराट शिक्षण अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद उ कातिक १५ गते अस्पताल भर्ना भईल रहनी ।

हनुमाननगर कंकालिनी नगरपालिका–२ सप्तरी के ५३ बरीस के पुरुष के न्युरो अस्पताल विराटनगर के कोभिड ईलाज केन्द्र मे सोमार के रात मृत्यु भईल बा । बोखार आवेके, मुडि दुखाएके लक्षण देखल गईला के बाद कातिक १४ गते विराट अस्पताल भर्ना भईल उनका कातिक १५ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । रिपोर्ट पोजेटिभ अईला के बाद उनका के न्युरो अस्पताल पठावल रहे ।

महादेवा गाँवपालिका– ६ सप्तरी के ३० बरीस के पुरुष के बीपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान धरान मे सोमार के रात मृत्यु भईल बा । पेटझरी भईला के बाद एतवार के दिने अस्पताल भर्ना भईल उनका मृत्यु के बाद कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।

अग्निसाइर कृष्णसावरण गाँवपालिका– ५ सप्तरी के ६२ बरीस के पुरुष के विराटनगर के नोबेल मेडिकल कलेज मे कातिक १३ गते मृत्यु भईल बा । उनकर मृत्यु के बाद मंगर के दिने कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । बोखार अईला के बाद कातिक ८ गते अस्पताल भर्ना भईल उनका कातिक १२ गते संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

तारकेश्वर नगरपालिका काठमाण्डु के ५६ बरीस के पुरुष के कातिक १६ गते मृत्यु भईल बा । निमोनिया आ मुटु के समस्या होके कातिक १५ गते अस्पताल भर्ना भईल उनका कातिक १६ गते संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

टोखा नगरपालिका काठमाण्डु के ९७ बरीस के पुरुष के कातिक १७ गते मृत्यु भईल बा । निमोनिया होके कातिक १५ गते अस्पताल भर्ना भईल उनका कातिक १६ गते संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

काठमाण्डु के ८४ बरीस के पुरुष के कातिक १७ गते मृत्यु भईल बा । निमोनिया आ मुटु के समस्या हो कातिक १६ गते अस्पताल भर्ना भईल उनका कातिक १७ गते संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

उ मिर्गौला के मरेजी रहनी । काठमाण्डु के ७१ बरीस के जनानी के मंगर के दिने मृत्यु भईल बा । निमोनिया होके कातिक ११ गते अस्पताल भर्ना भईल उनका उहे दिन संक्रमण पुष्टि भईल रहे । उ दम के मरेजी रहली ।

काठमाण्डु के ७० बरीस के पुरुष के कातिक १६ गते मृत्यु भईल बा । कुवार २० गते संक्रमण पुष्टि भईल आ निमोनिया होके कुवार २५ गते अस्पताल भर्ना भईल उ दम, उच्च रक्तचाप आ मधुमेह के मरेजी रहनी ।

काठमाण्डु के ७५ बरीस के पुरुष के मंगर के दिने मृत्यु भईल बा । श्वास प्रश्वास मे समस्या भईला के बाद कातिक १२ गते अस्पताल भर्ना भईल उनका उहे दिने संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

थिमी भक्तपुर के २० बरीस के पुरुष के मंगर के दिने मृत्यु भईल बा । निमोनिया, शक आ मुटु के समस्या होके कातिक १७ गते अस्पताल भर्ना भईल उनका उहे दिन कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । उ मिर्गौला के मरेजी रहनी । पोखरा महानगरपालिका–५ कास्की के ५९ बरीस के जनानी के सोमार के रात ११ बजे मृत्यु भईल बा । उनका कातिक १४ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

पोखरा महानगरपालिका– १६ कास्की के ५५ बरीस के पुरुष के मंगर के दिन के पौने १२ बजे मृत्यु भईल बा । उनका कातिक १४ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । पोखरा महानगरपालिका–६ कास्की के ७२ बरीस के पुरुष के सोमार के सबेरे ४ः१५ बजे मृत्यु भईल बा ।

उनका कातिक १४ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । पोखरा महानगरपालिका–३ कास्की के ५२ बरीस के पुरुष के सोमार के सबेरे ११ः४५ बजे मृत्यु भईल बा । उनका कातिक १२ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । बागलुङ नगरपालिका– ३ बागलुङ के ६६ बरीस के कोरोना संक्रमित पुरुष के मंगर के सबेरे १०ः२० बजे मृत्यु भईल बा ।

बागलुङ नगरपालिका– ३ बागलुङ के ६१ बरीस के पुरुष के सोमार के सँझिया ५ः३० बजे मृत्यु भईल बा । उनका सोमार के दिने हि कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

ब्यास नगरपालिका – ५ तनहुँ के ६६ बरीस के पुरुष के सोमार के सबेरे २ः१५ बजे मृत्यु भईल बा । उनका कातिक १६ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
घोराही उपमहानगरपालिका–१० दाङ के ६५ बरीस के जनानी के मंगर के दिन के ३ बजे कोहलपुर मेडिकल कलेज मे मृत्यु भईल बा । कातिक १७ गते अस्पताल भर्ना भईल उनका उहे दिन संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।