प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री होम आइसोलेसन मे

जनकपुरधाम १८ कातिक
सरदीखोकी सँगे बोखार अईला के बाद प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत एक हप्ता से होम आइसोलेसन मे बईठल बाडन ।
उ जनकपुरधाम स्थित निवास के हि होम आइसोलेसन बनाके बईठल बाडन । ‘सञ्चारकर्मी से बात करत उ, “एक हप्ता पहिले सरदी खोकी आ बोखार अईला के बाद भी अभी पूर्ण रुप मे स्वस्थ्य बानी ।”
होम आइसोलेसन मे रहला के बाद तत्काल के खातिर भेटघाट बन्द कईल उ बतवनी । कातिक के पहिलका हप्ता काठमाण्डु से अईला के बाद स्वास्थ्य मे समस्या देखल गईल आ उहे समय से होम आइसोलेसन मे रहेके सुरु कईल मुख्यमन्त्री राउत बतवनी ।
स्वास्थ्य मे समस्या देखल गईला के बाद कोरोना परीक्षण ना कईल बतावत उ २÷३ दिन मे उ परीक्षण भी करावेके बतवनी ।





