निर्मलबस्ती मे दुसरका निर्मल गोल्डकप सुरु

मेघराज राय
जीराभवनी १८ कातिक
ठोरी गाँवपालिका वार्ड नं. ४ निर्मलबस्ती मे आजु से दुसरका निर्मल गोल्डकप सुरु भईल बा ।
शुभ दिपावली २०७७ के पावन अवसर मे निर्मल युवा क्लब के आयोजना मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि ठोरी गाँवपालिका अध्यक्ष पदमलाल श्रेष्ठ गापा भितर के खेलकुद के बिकास के खातिर गाँवपालिका से सहजोग करेके प्रतिबद्धता जनवनी ।
निर्मल युवा क्लब के अध्यक्ष हिरा श्रेष्ठ के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे वार्ड नं. १ के वार्ड अध्यक्ष रामप्रकाश कुवर, २ के किशोर तामाङ, ३ के सुर्य लामा, ४ के बहि बहादुर पाख्रीन, प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत कृष्णलाल श्रेष्ठ, रेडियो बिजयबस्ती के अध्यक्ष सन्तोष श्रेष्ठ, प्रभु हस्पिटल के दिलिपराज कार्की, नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश नम्बर २ के उपाध्यक्ष केसी लामिछाने, माट्रीका आइ फाउन्डेसन के महेश सिंह धामी, निर्मल बस्ती के समाजसेवी केशर बहादुर श्रेष्ठ लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
औपचारिक कार्जक्रम के बाद निर्णायक आ खेलाडीलोग से भेट करत प्रमुख अतिथि तथा अतिथिलोग खेल के उदघाटन कईल रहे । आजु भईल रामनगर आ काठमाण्डु टोला बिच के पहिलका खेल मे सनराइज युवा क्लव रामनगर बिजयी भईल बा ।
महाबिर युवा क्लब काठमाण्डु टोला के २–१ गोल अन्तर से हरावत रामनगर बिजयी भईल बा । आजु के खेल मे काठमाण्डु टोला के मुकेश चौधरी मैन अफ दी म्याज घोषित भईल रहनी ।
बिहान होखेवाला पहिलका खेल बनशक्ती युवा क्लब ठोरी आ सुवर्णपुर युवा क्लब सुवर्णपुर बीच होखी आ दुसरका खेल अमृत युवा क्लब सुन्दरबस्ती ठोरी आ महादेबपाटी युवा क्लब जीराभवानी बीच होखेके आयोजक समिति के आसकाजी गोले बतवनी ।






