मछली मे ढल्टा कम करे ला समिति बनल

प्रभु यादव
बारा १९ कातिक
कम्पयुटर काँटा से मछली जोखे खातिर किसान सब के सचेतना जगावेला समिति चयन कईल गईल बा ।
बारा जिल्ला के मछरी उत्पादन करेवाला किसान सब के बईठक से सचेतना जगावेला समिति चयन कईल गईल बा ।
माछा सुपर जोन सञ्चालन समन्वय समिति, अगुवा किसान आ व्यापारी सब के छलफल से कम्युटर काँटा के प्रयोग मे लेयावेला ११ सदस्यीय सचेतना देवेला समिति बननवल गईल बा ।
समिति मे राधामोहन साह, विरेन्द्र प्रसाद साह, विनोद मुखिया, सिकेन्द्र कुशवाहा, गगनदेव प्रसाद कुशवाहा, श्यामसुन्दर कुशवाहा अशोक प्रसाद साह, जयलाल प्रसाद कुशवाहा, जानकी मुखिया, धर्मदेव यादव आ रामएकवाल प्रसाद के चयन कर के सचेतना जगावेला जिमा देहले बा । मछरी मे ढल्टा व्यवस्थापन करेखातिर कम्पयुटर काँटा के प्रयोग मे लयावे के किसान सब के जोडदार माग रहल रहे ।
विगत दिन मे हात के काँटा से तौलला पर छव किलो के जगह मे सात किलो तक मछली चलजात रहल माकिर कम्प्यूटर काँटा से जोखला से ना ठगाए के ना ठगे के काम होई किसान लोग के कहनाम रहल ।
प्रधानमन्त्री कृषि आधुनिकिकरण परियोजना ईकाई कार्यालय सिम्रौनगढ के कार्यालय मे भईल छलफल मे काँटा लागू करेला नीति नियम सम्बन्धित निकाय से सल्लाह सुझाव लेके बनावे के सहभागी लोग सलाह देहले रहल ।
परियोजना सञ्चालन समिति के अध्यक्ष रामकिशोर यादव सुपर जोन मे सुचिकृत रहल लगभग पाच सय किसान आ सुचिकृत ना भईल किसान लोग के कईसे कम्पयुटर काँटा से मछरी विक्रीवितरण आ खरिदारी करी सेकरा खातिर सचेतना जगावल जरूरी रहल बतावले रहनी ।
बारा जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे प्रमुख जिल्ला अधिकारी के रोहवर मे काँटा लागू करेला बनल समिति के निर्णय कार्यन्वयन करेला उपसमिति बनावल गईल जनकारी करावले रहलन ।
पहिले काठ के बनल तराजु से जोखल जात रहल अब लोहा के तराजु से जोखारहल बा अभि आईल आधुनिक युग मे कम्युटर काँटा से जोखेखातिर सब के ध्यान पुगी कहनी ।
प्रधानमन्त्री कुषि आधुनिकिकरण परियोजना माछा सुपरजोन कलैया के प्रमुख डा.सुरेन्द्र यादव काँटा के किसान आ व्यापारी मे लागू करा के एकरूपता लेयावे खातिर जोड देहले रहलन ।
मछली के राष्ट्रिय बजार मे सहज पुग कईसे पुगी जवना से उत्पादन भईल मछली के मूल्य मिलि ओकरा खातिर कार्यालय से पुगावे खातिर प्रयास कईल जारहल जनकारी देहले रहलन ।






