जितपुर मे एकीकरण स्मृति उद्यान के मुख्यमन्त्रीद्धारा शिलान्यास

बारा २७ बैशाख
नेपाली सेना नेपाल एकीकरण के समय मे अँग्रेज सँगे भईल युद्ध के स्मरण मे पार्क निर्माण करेवाला बा ।
के जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका मे केन्द्र सरकार आ प्रदेश २ सरकार के सहजोग मे नेपाली सेना एकीकरण स्मृति उद्यान बनावेवाला बा ।
पार्क के शनिचर के दिने प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत गद्दी शिलान्यास कइनी ।
पार्क वीरगंज–पथलैया व्यापारिक मार्ग मे अवस्थित नेपाली सेना के श्री नं २८ बाहिनी परिसर मे बनेवाला बा ।
२ विगाहा २ कठ्ठा ३ धुर क्षेत्रफल मे बने लागल उ पार्क निर्माण के खातिर कुल २१ करोड ९५ लाख ८८ हजार रोपेया लागेके बतावल गईल बा ।
पार्क के निर्माण वि सं २०७८ जेठ ३१ गते तक सम्पन्न करेके लक्ष्य राखल गईल बा ।
तत्कालीन समय मे अँग्रेज विरुद्ध के युद्ध मे तराईवासी आ पहाडवासी संयुक्त रुप मे लड के अँग्रेज सेनालोग के परास्त कईल स्मरण मे ई पार्क बनावे लागल नेपाली सेना के सहायक रथी अनुपजंग थापा जानकारी देहनी ।
उनका मुताविक पार्क निर्माण के पहिलका चरण मे तीन गो प्याकेज मे काम सुरु करे लागल बा ।
पार्क भितर होखेवाला एक्जिभिसन हल निर्माण के खातिर प्रदेश सरकार से सहजोग करेके भईल बा ।
कुल ७ करोड लागेवाला हल के खातिर प्रदेश २ सरकार चालु आर्थिक बरीस मे दु करोड बजेट विनियोजन कईले बा ।
ओकरा खातिर हेटौंडास्थित भैरव कन्सट्रक्सन एक करोड ८४ लाख २२ हजार ९ रोपेया ५९ पईसा मे ठेक्का सकरले बा ।
शिलान्यास के बाद मुख्यमन्त्री गद्दी मधेस के इतिहास राखल पार्क प्रदेश के गौरव के योजना भईल बतवनी ।
‘नेपाल के एकीकरण मे मधेसी जनता से भूमिका निर्वाह कईल बहुते के ज्ञान मे ना रहे ।’
कहत उ ‘ई पार्क से सभी के ओकर ज्ञान दिला के महत्वपूर्ण भूमिका निर्वाह करी ।’
मुख्यमन्त्री गद्दी हिमाल, पहाड, तराई के जोडेवाला काम मे प्रदेश सरकार से अग्रणी भूमिका निर्वाह करेके बतवनी ।
नेपाल के एकीकरण अभियान मे मधेसवासी नेपाली से देहल योगदान झल्कावे के, नागरिक सैनिक सम्बन्ध प्रगाढ बनावेके, राष्ट्रिय एकता के जिम्मेवारी निर्वाह करेके आ परम्परा प्रवद्र्धन मे सहजोग पुगावे के उद्देश्य से पार्क बनावे लागल नेपाली सेना जनवले बा ।
नेपाली सेना के मध्यपूर्वी पृतना हेडक्वाटर के उपरथी सुरेश कुमार कार्की नेपाल एकीकरण मे मधेसवासी जनता से खेलल भूमिका के कदर करे खातिर पार्क निर्माण करे लागल जानकारी देहनी ।
एहितरे केन्द्र सरकार पार्क बनावे खातिर ५ करोड बजेट देहले बा ।
माटी भेके, खुल्ला मञ्च बनावे के तलेजु भवानी के मन्दिर, दु गो गेट बनावे के लगायत काम के खातिर तीन करोड ४७ लाख २७ हजार २ सय ८६ रोपेया २८ पईसा मे हेटौंडा के हनुमान कन्स्ट्रक्सन के ठेक्का मिलल बा ।
दुनु कम्पनी आपन जिम्मेवारी के काम असार २५ गते तक पुरा करेके बतावल गईल बा ।
स्मारक के पूर्वाधार बनावे खातिर वैशाख २९ गते दोसर टेन्डर खोलेके आ आर्थिक बरीस २०७७÷७८ मे बाँकी १५ करोड के काम पुरा करेके तइयारी कईल नेपाली सेना जनवले बा ।
पार्क शिलान्यास कार्जक्रम मे प्रदेश नं २ के भौतिक पूर्वाधारमन्त्री जितेन्द्र सोनल, बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्र प्रसाद पण्डित लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






