पकहामैनपुर आ कालिकामाई गाँवपालिका के सयो जने नेता कार्यकर्ता नेपाली कांग्रेस मे प्रबेश कईलें

वीरगंज १९ कातिक
पर्सा के पकहामैनपुर गाँवपालिका वार्ड नं. ५ सबैठवा मे बुध के दिने नेपाली कांग्रेस के पार्टी प्रबेश कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
पर्सा के निर्वाचन क्षेत्र नं. ४ अन्तर्गत पडेवाला सबैठवा मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे पकहा मैनपुर गाँवपालिका आ कालिकामाई गाँवपालिका के अनेकन वार्ड के सयो जने नेपाली कांग्रेस मे प्रबेश कईले बाडन ।
कार्जक्रम मे पकहा मैनपुर गाँवपालिका वार्ड नं. ५ सबैठवा के नेपाल संघिय समाजवादी पार्टी के पर्सा जिल्ला उपाध्यक्ष नसुरल्लाह मियाँ आ कालिकामाई गाँवपालिका वार्ड नं. २ भेडिहारी के तत्कालिन संघिय समाजवादी पार्टी के वार्ड समिति अध्यक्ष लालबाबु प्रसाद चौरसिया सहित करिब ५ सय जने पार्टी प्रबेश कईले रहलन ।
बितल स्थानिय तह के निर्वाचन मे गाँवपालिका अध्यक्ष मे आ संघ तथा प्रदेश के निर्वाचन मे पर्सा क्षेत्र नं. ४ के ख से प्रदेश सभा सदस्य के प्रत्यासी मियाँ के नेतृत्व मे २ सय ७३ जने आ चौरसिया के नेतृत्व मे ४५ जने पार्टी प्रबेश कईले बाडन ।
एहितरे, तत्कालिन संघिय समाजवादी पार्टी से कालिकामाई गाँवपालिका वार्ड नं. १ के वार्ड अध्यक्ष के प्रत्यासी रामविश्वास चौहान, तत्कालिन समाजवादी पार्टी वार्ड समिति के अध्यक्ष कदिर मियाँ, वार्ड नं. २ के उपाध्यक्ष बिश्वनाथ चौरसिया, वार्ड नं. ३ के जसपा के स्थानिय नेता रामविनेश पटेल, नेपाल संघिय समाजवादी पार्टी से वार्ड नं. ४ के वार्ड अध्यक्ष के प्रत्यासी संजय साह गोढ, उहे पार्टी से पकहा मैनपुर गाँवपालिका वार्ड नं. ५ के वार्ड सदस्य मे निर्वाचित रमावती देबी, नेकपा के गिनी शर्मा, अनवत राम, जसपा के सरिफ मियाँ, महमद कलाम मियाँ लगायत के लोग नेपाली कांग्रेस मे प्रबेश कईले बाडन ।
नव प्रबेशी सभी जने के नेपाली कांग्रेस के केन्द्रिय सदस्य रमेश रिजाल, अजय चौरसिया, पर्सा जिल्ला सभापति अजय द्विवेदी लगायत के नेतालोग अबिर के टिका आ फुल के माला पहिना के स्वागत कईले रहलन ।
पार्टी प्रबेश कार्जक्रम के सम्बोधन करत केन्द्रिय सदस्य रिजाल मधेश के अधिकार दिलावे खातिर नेपाली कांग्रेस बाहेक कउनो पार्टी सक्षम न रहल बतवनी । उ नेकपा आ जसपा के संघिय तथा प्रदेश सांसदलोग जनता अधिकार दिलावे से भी आपन स्वार्थ पुरा करेके ओरी लागल आरोप लगवनी ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी भी रहल नेता रिजाल मधेश के ठेक्का लेके बईठल आ दु तिहाई के सरकार भईललोग पईसा कमाए खातिर भ्रष्टचार मे लिप्त भईल आरोप लगवनी ।
दोसर केन्द्रिय सदस्य चौरसिया मधेश के मुद्दा लेके चुनाव जितललोग अभी चुप होके बईठल बतवनी । उ मधेश, जनजाति, दलित लगायत के सांझा प्रतिनिधित्व आ पहिचान के खातिर नेपाली कांग्रेस के विकल्प ना रहल बतवनी ।
कार्जक्रम के विशिष्ठ अतिथी भी रहल नेता चौरसिया कोरोना महामारी के समय मे भी जसपा नेतृत्व के प्रदेश २ सरकार तथा नेकपा नेतृत्व के संघिय सरकार जनता के मौलिक हक अधिकार सुनिश्चित कईला के बदले भ्रष्टचार मे लिप्त भईल आरोप लगवनी ।
जिल्ला सभापति द्विवेदी अभी अधुरा लोकतन्त्र रहल बतवनी । अभी लोकतन्त्र सभी जनता के खातिर ना होके उच्च बर्ग के आदमीसब के खातिर मात्र भईल उ बतवनी ।
पकहा मैनपुर गाँवपालिका वार्ड नं. ५ सबैठवा के वुथ सभापति बलिराम चौरसिया के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे प्रदेश सभा सदस्य शंकर चौधरी, वीरगंज उपमहानगरपालिका के उप मेयर शान्ति कार्की, महासमिति सदस्य बिशष्ठ नारायण कुर्मी, क्षेत्र नं. ४ के सभापति रमेश पाण्डे, जिल्ला सदस्य नविन सिंह, कालिकामाई गाँवपालिका संयोजक राजिन्द्र प्रसाद कुुर्मी, पकहा मैनपुर गाँवपालिका संयोजक हरि चौहान, बब्लु श्रीवास्तव, धमेन्द्र पटेल, बलिष्टर अहमद लगायत के सभागिता रहल रहे । कार्जक्रम के संचालन छठु साह कईले रहनी ।






