राहत मे सडल दाल देहल आरोप मे कलैया के मेयर सहित १० जने पुलीस हिरासत मे

प्रभु यादव

बारा ०९ बैशाख

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका के ६ जने जनप्रतिनिधि पुलीस हिरासत मे पडल बाडन । राहत मे सडल दाल बाँटल गईल आरोप मे कलैया उपमहानगरपालिका के नगर प्रमुख आ ५ जने वार्ड अध्यक्ष सहित १० जने के पुलीस नियन्त्रण मे लेहले बा ।
कलैया उपमहानगरपालिका के नगर प्रमुख राजेश राय यादव के मगर के दिने पुलीस नियन्त्रण मे लेहल बारा के प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्रा जानकारी करवले बानी ।

तीन जने वार्ड अध्यक्ष के सोमार के आ दु जने वार्ड अध्यक्ष एतवार के दिन प्रहरी नियन्त्रण मे लेके अनुसन्धान कईल जारहल प्रवक्ता मिश्रा जानकारी करावले बानी ।

वार्ड नम्बर ११ के अध्यक्ष सर्बनारायण चौधरी, वार्ड नम्बर १३ के अध्यक्ष राजन पटेल आ वार्ड नम्बर २६ के वार्ड अध्यक्ष महेश साह के सोमार के दिने पुलीस नियन्त्रण मे लेहल गईल पुलीस जानकारी देहले बा ।

वार्ड नम्बर १ के वार्ड अध्यक्ष हरिओम साह आ वार्ड नम्बर ७ के वार्ड अध्यक्ष सर्फुल्लाह अन्सारी के आउर वार्ड नम्बर २० के वार्ड सचिव खेदु मियाँ, कलैया ७ स्थित यादव आइस एण्ड कोल्ड स्टोर के कर्मचारी कृष्ण प्रसाद यादव, वीरगंज के धनलक्ष्मी दाल मिल के संचालक तेजकरण जैन के एतवार के दिने पुलिस नियन्त्रण मे लेके अनुसन्धान सुरू कईल प्रवक्ता मिश्रा जनकारी देहले बानी । मगर के दिन यादव आइस एन्ड कोल्ड स्टोर के कर्मचारी बच्चु यादव के सहित प्रहरी नियन्त्रण मे १० जने के लेहल गईल मिश्रा बतवले बानी ।

सडल दाल वितरण मे नगर प्रमुख यादव के नाम रहला से अनुसन्धान के खातिर नियन्त्रण मे लेहल गईल जानकारी देत प्रहरी नायव उपरीक्षक मिश्रा प्रहरी हिरासत मे रहल यादव से बयान लेवे के काम कईल जारहल बतवले बानी ।

कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर २० बसतपुर मे चईत २८ गते राहत मे बाटे खातिर वार्ड अध्यक्ष से लेगईल दाल सडल मिलल रहे ।

दाल खरिद कईल गईल कलैया ७ स्थित यादव आइस एण्ड कोल्ड स्टोर मे प्रहरी से चईत २९ गते छापा मार के भण्डारण कर के राखल तिन सय ८० बोरा दाल जफत कर के कोल्ड स्टोर मे प्रशासन सिल कईले रहे ।

जफत कईल दाल के नमुना लेके प्रहरी से परीक्षण के खातिर हेटौडा के खाद्य प्रविधि तथा गुण नियन्त्रण प्रयोगशाला मे पेठावल गईल रहे ।

प्रयोगशाला से चेक कईला पर आईल रिपोर्ट मे दाल गुणस्तरहीन खाएवाला ना भईल पुष्टि भईला पर प्रहरी से अनुसन्धान प्रकृया अगाडि बढावल गईल जनकारी करावल गईल बा ।

सोमार के दिन दाल साहु जैन के दावी कईल दाल के मुताविक यादव कोल्ड स्टोर के कर्मचारी कृष्णा यादव के व्यान पर स्टोर मे छापा मरला पर चार सय ५० बोरा दाल मिलल बा जवना के पुलिस सिल कर के नमुना हेटौंडा प्रयोगशाला मे पठावले बा ।

कलैया उपमहानगरपालीका के मेयर यादव के काका के लडका रविन्द्र यादव कोल्डस्टोर आपन भईल माकिर वीरगंज के धनलक्ष्मी दाल मिल के संचालक तेजकरण जैन भाडा मे राख के दाल के कारोबार करत आरहल बतावले बा । प्रहरी से बरामद कइल गईल दाल जैन के रहल रविन्द्र यादव के कहनाम रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।