क्राईम टोली पर्सा के यादव आ अन्सारी के बदमासी, ७ गो मोबाइल गायब

वीरगंज २१ कातिक
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा तस्करलोग से बरामद कईल मोबाइल मेसे कुछ मोबाइल क्राईम टोली के दु जने पुलीस गायब कईल घटना चर्चा मे आईल बा ।
बिशेष सुचना के आधार मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के क्राइम टोली के हवाल्दार खुसिलाल यादव तथा जवान पियम्बर अन्सारी बुध के सँझिया करिब ७ बजे के समय मे बीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १६ नागवा स्थित बाबाहोटल के गेट लगे से अनेकन कम्पनी के १६ थान किमति मोबाइलसब बरामद कईले रहे ।
बारा जिल्ला के नकटुवा रहेवाला तीन जने जनानी तस्करलोग से क्राइम के टोली १६ थान मोबाइल बरामद कईला मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे ९ गो मात्र मोबाइल बरामद कईल जाहेरी कईला से ७ गो मोबाइल क्राईम के हवलदार यादव आ जवान अन्सारी रास्ता मे हि गायब कईल समचार स्रोत दाबी कईले बा ।
जनानी तस्करलोग हमनी लगे १६ गो मोबाईल रहे आ क्राईम के टोली सभी मोबाईल पकड के लेगईल बतवले बाडि । हमनी भारत के रक्सौल से पर्सा के वीरगंज तक पुगईला मे मोबाईल के दाम के आधार मे प्रति मोबाईल ३÷४ समय मिलेला कहके एक जनानी तस्कर बतवली ।
भारतीय अनेकन कम्पनी के मोबाइलसब १६ थान बरामद भईला पर भी पर्सा पुलीस उ मोबाइल अभी तक सार्बजनिक ना कईला के चलते भी पुलीस कार्यालय से हि मोबाइल गायब भईल टिका टिप्पणी होखे लागल बा ।
साधारण ५० हजार के कउनो भी सामान पकडला पर विज्ञप्ति सहित समाचार पठावेवाला जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा ३ लाख से बेसी के मोबाइल बरामद कईला पर भी सार्बजनिक ना कईला से पुलीस कार्यालय के उच्च पदस्त के कर्मचारीलोग के मिलोमतो रहल सहजे अनुमान कईल जा सकता ।
ई बारे मे जल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक मनोजित कुँवर से बुझला पर ९ गो मोबाईल पकडाईल आ बाद मे कुछ आउर पकडाईल मिला के १२÷१३ गो हो सकता कहके गैरजिम्मेवारपूर्ण जवाफ देहनी ।
एने पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक गँगा पन्त से बुझला पर उ ९ गो मोबाइल बरामद भईल बतवली ।
पुलीस १६ गो मोबाइल बरामद भईल बात बा कहके बुझला पर बरामद कईल टोली ९ गो मोबाइल मात्र बरामद कईल कहके जाहेरी देहला से ओतना हि रहल बतवनी ।
शुक के दिने जिल्ला प्रहरी कार्यालय के प्रमुख प्रहरी उपरिक्षक गंगा पन्त से जनानी तस्करलोग सम्पर्क कईला पर उ ९ गो मात्र मोबाईल बरामद भईल आ उ मोबाईलसब कउनो भी हालत मे ना छोडेके बतावल एक जनानी तस्कर बतवली ।






