थारु पत्रकार संघ पर्सा के शुभकामना आदान प्रदान कार्जक्रम

मेघराज राय
जीराभवानी २२ कातिक
जिराभवानी गाँवपालिका–३ जितपुर वार्ड कार्यलय मे आजु एगो कार्जक्रम के बीच थारु पत्रकार संघ नेपाल पर्सा जिल्ला के आयोजना मे दीपावली आ छठ पर्व के शुभकामना आदान प्रदान कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
थारु कल्याणकारी पर्सा जिल्ला कार्यबाहक अध्यक्ष ठाकुर प्रसाद महतो के प्रमुख आतिथ्यता तथा थारु पत्रकार संघ नेपाल पर्सा जिल्ला अध्यक्ष ओमप्रकाश चौधरी के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश नम्बर २ के उपाध्यक्ष के सि लामिछाने, आदिवासी जनजाति पत्रकार फोनिज प्रदेश नम्बर २ के संयोजक निरज पिठाकोटे मगर, ठोरी गाँवपालिका के अध्यक्ष पदमलाल श्रेष्ठ, पटेर्वासुगौली गापा के उपाध्यक्ष ममता महतो, जीराभवानी गाँवपालीका के अध्यक्ष रामप्रीत महतो, उपाध्यक्ष उषा देबी थरुनी, जिराभवानी वार्ड नम्बर दु के वार्ड अध्यक्ष महादेव महतो थारु, वार्ड नम्बर तीन के वार्ड अध्यक्ष उमेश कुमार सिंह, जिराभवानी गाँवपालिका शिक्षा महासंघ के अध्यक्ष कृपासिन्धु पट्वारी लगायत के लोग शुभकामना व्यक्त राखत कोरोना महामारी के बिच चाडपर्व सामाजिक दूरी बनाके आ स्वास्थ्य मापदण्ड पूरा करके मनावे खातिर सुझाव देहले रहनी ।
पर्व मे सामाजिक सद्भाव कायम करे खातिर निहोरा भी कईले रहनी ।
कार्जक्रम मे पत्रकार महासघ प्रदेश नम्बर दु के उपाध्यक्ष केसी लामिछाने पर्सा जिल्ला मे थारु पत्रकार के संगठन बरियार होत गईला मे बधाई देत पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के नेतृत्व भी थारु पत्रकार से हि लेवेके बात मे जोड देहनी । साथे थारु पत्रकार खातिर खुद सकेभर सहजोग करेके प्रतिबद्धता जनवले रहनी ।
कार्जक्रम मे आदिवासी पत्रकार फोनिज प्रदेश नम्बर दु के संयोजक निरज पिठाकोटे मगर आदिवासी सिधासाधा भईला से नेतृत्व मे पछाडी पडल बतावत प्रदेश नं. दु के छव गो जिल्ला मे आदिवासी जनजाति पत्रकार के संगठन बिस्तार भईल आ दु जिल्ला मे मात्र बाकी रहला से अब कुछ दिन मे उहो जिल्ला मे बिस्तार करेके बतवनी ।





