कलैया २३ मे रहल ऐलानी जमिन मे पटेल के गिद्धे नजर, वार्डवासी अदालत के शरण मे

बारा २२ कातिक
बारा जिल्ला कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नं. २३ मे रहल १४ कठ्ठा ऐलानी जमिन एक जग्गा माफिया अतिक्रमण करके आपन नाम मे दर्ता करईला मे वार्डवासीलोग बिरोध मे उतरल बाडन ।
बारा जिल्ला साविक गाविस भतौडा वार्ड नं. ८ आ हाल कलैया उमहानगरपालिका वार्ड नं. २३ टोल बैराठपुर मे रहल किता नं. १३ के ९ कठ्ठा १० धुर आ साविक गाविस भतौडा वार्ड नं. ५ आ हाल कलैया उमनपा वार्ड नं. २३ टोल कोईरीयाटोल मे रहल किता नं. ३१२ के ४ कठ्ठा ५ धुर ऐलानी पर्ती जमिन स्थानिय दुर्गा पटेल एकलौटी रुप मे आपन नाम मे नामसारी करावल उपर स्थानिय वडावासीलोग अदालत के शरण मे पुगल बाडन ।
ऐलानी पर्ती जमिन सुकुमबासी बन के सरोकारवालालोग के भुलिया के दुर्गा पटेल उ १४ कठ्ठा जमिन आपन नाम मे दर्ता करावल जानकारी होते मातर स्थानियलोग अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग काठमाण्डु, हेटौंडा आ सम्मानित बारा जिल्ला अदालत मे भी मुद्दा दायर कईले बाडन ।
उ १४ कठा जमिन मेसे कुछ जमिन मे एगो सार्वजनिक धर्मशाला भी रहल बा ।
उ धर्मशाला मे दुर्गा पटेल आपन व्यक्तिगत प्रयोजन मे प्रयोग करत आईल आ स्थानियवासीलोग के घुसे भी ना देहल स्थानियलोग सिकाईत कईले बाडन ।
दुर्गा पटेल के बाबु एगो सरकारी कर्मचारी रहला से हि २०६६ साल मे सुकुमबासी आयोग मार्फत उ जमिन आपन नाम मे दर्ता करावे मे सफल भईल बाडन ।
उ जमिन आदमी के नाम मे दर्ता भईला के बाद हि अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग काठमाण्डु मे मुद्दा नं. १५८१३ मे उजुरी दर्ता करावल स्थानिय कन्हाईलाल ठाकुर बतवनी ।
बाबु, बाबा के पाला से हि उ ऐलानी पर्ती जमिन रहला से हमनी कउनो भी हालत मे उ जमिन कउनो आदमी के नाम मे रहे ना देवेके स्थानिय रामएकबाल पटेल बतवनी ।
उहे मुद्दा के प्रक्रिया अगाडि बढत शनिचर के दिने सम्मानित बारा जिल्ला अदालत से डोर खटाके जग्गा नापजाँच भईल बा । सम्मानित बारा जिल्ला अदालत मे मुद्दा के पेशी अगहन १० गते रहल स्थानियलोग बतवले बाडन ।
उ सम्बन्ध मे वार्ड नं. २३ के वार्ड अध्यक्ष विक्रम साह कानु मुद्दा अदालत मे बिचाराधिन रहला से अदालत के जउन फैसला होखी उ माने खातिर खुदसब तइयार रहल बतवनी ।
उ सम्बन्ध मे जग्गा नामसारी करावल दुर्गा पटेल २०÷२५ बरीस पहिले हि साहु महाजन से उ जमिन किनल दाबी कईले बाडन ।
धर्मशाला भी खुद आपन जमिन मे बनावे देहल कहत उ १४ कठा जमिन हमर नम्बरी रहला से खुद जोतभोग करेके ना छोडेके प्रतिक्रिया देहनी ।






