मछरी के तौल मे ढलटा कम करेला डिजिटल काँटा

प्रभु यादव

बारा ०४ कातिक,
मछली उत्पादन कईल व्यापारी लेवे आई त डिजिटल काँटा से खरिदविक्री करेला सरोकारवाला आ व्यवसायी विच सहमति भईल बा ।

कलैया मे बईठल सरोकारवाला, मछली व्यापारी आ किसान के सहमती से ढलटा कम करेला उचित तोल बनावेला सहमति भईल प्रधानमन्त्री अधुनिक परियोजना माछा सुपर जोन बारा के प्रमुख सुरेन्द्र यादव जानकारी देहले बाडन ।

मछली उत्पादन करेवाला लोग परम्परा से आईल बाँस के भा टिना से बनल तराजु से जोखला पर घाटा सहत आईल ओकरा के कम करेखातिर डिजिटल काँटा के तोल मे प्रथामिक्ता देहल जा रहल यादव जनकारी करावले बानी ।

नेपाल मत्स्य व्यवसायी संघ बारा के अगुवाई मे काँटा अनुगमन समिति बनल बा ।

नेपाल मत्स्य व्यवसायी संघ बारा के अध्यक्ष विरेन्द्र चौधरी के संयोजकत्व मे बारा उद्योग बाणिज्य संघ, जिल्ला सहकारी संघ, सुपर सञ्चालन मन्वय समिति आ सम्बन्धित ईलाका प्रहरी के प्रतिनिधि सदस्य रहल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।