छिपहरमाई गा.पा. वार्ड नं. १ मे पूर्ण खोप वार्ड घोषणा

राजन कुमार बानिया

पोखरिया २३ कातिक

पर्सा जिल्ला के छिपहरमाई गाँवपालिका वार्ड नं. १ मिर्जापुर के आजु एगो कार्जक्रम के बिच पूर्ण खोप वडा घोषणा कईल बा ।

ई वार्ड मे रहल दु बरीस निचेके ४५४ जने लईकालइकी के स्वास्थ्य चौकी सम्भौता के जनानी स्वयं सेविकालोग के सहजोग मे अनमी आ अहेबलोग घर घर मे पुगके पुर्ण खोप लगईला के बाद आजु वार्ड के पुर्ण खोप वार्ड घोषणा कईल बा ।

स्थानिय स्वामित्व आ सहभागिता’ पुर्ण खोप सुनिश्चित्ता हमनी के प्रतिवद्धता के’ नारा साथ छिपहरमाई गाँवपालिका वार्ड नं १ मिर्जापुर मे रहल बिद्यालय के प्राङ्गण मे वार्ड के पुर्ण खोप वार्ड घोषणा कईल बा ।

छिपहरमाई गाँवपालिका स्वास्थ्य शाखा के आयोजना मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि छिपहरमाई गाँवपालिका अध्यक्ष मनोज कुमार गुप्ता उदघाटन करत घोषणा पत्र पढ के पुर्ण खोप घोषणा कईले रहनी ।

कोरोना महामारी मे भी स्वास्थ्यकर्मीलोग आपन जान के बाजी लगाके घरघर जाके खोप लगाके स्वास्थ्य सेवा देहला मे स्वास्थ्यकर्मीलोग के बधाई भी देहले रहनी ।

सबसे पहिले हमर स्वास्थ्य, शिक्षा आ कृषि प्राथमिकता मे रहला के चलते हरेक वार्डसब मे बर्थिंग सेन्टर स्थपना करेके बतवनी ।

छिपहरमाई गाँवपालिका के दु गो वार्ड मे बर्थिङ्ग सेन्टर स्थापना कईले बानी आ मिर्जापुर मे बर्थिङ्ग सेन्टर निर्माण के खातिर ८० लाख रोपेया निकासा करके बनावे के काम अगाडि बढावल बतवनी ।

उच्च शिक्षा आ प्राबिधिक शिक्षा लेवे खातिर बीरगंज मे जाके कोठा भाडा १० हजार देवेके ना पडि अब आपन गाँव घर मे पढे सकेके बतवनी ।

कार्जक्रम मे गाँवपालिका प्रमुख प्रसाशकीय अधिकृत देवनाथ साह खोप के बारे मे खास करके १३ से २३ महिना के लईकालइकी के पुर्ण खोप ना लगईला पर अनेकन किसिम के बेमारी होखेला कहके बतवनी ।

बिश्वब्यापी रुप मे रहल कोरोना भाईरस रोग से बँचे आ बँचावे खातिर अभी खोप ना रहला के चलते समस्या देखल गईल आ अभी जउन नियमित खोप चल रहल बा ओकरा के निरन्तरता देके आपन आपन बच्चालोग के खोप दिलावे खातिर निहोरा कइनी ।

वार्ड अध्यक्ष राजबली यादव के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे समसुल मियाँ, वार्ड अध्यक्ष महेन्द्र साह कलवार, बिनोद साह कानु, मौजीलाल साह, जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के सदस्य सुबास साह, अकलेश यादव, गाँवपालिका स्वास्थ्य संयोजक शम्भु साह, स्वास्थ्य चौकी मिर्जापुर के प्रमुख प्रदिप दास, अहेब रामाकान्त महतो, मुखलाल साह, भुपेन्द्र गुप्ता, रितु कुमारी यादव, अनमी सपना चौरसिया, सम्भौता स्वास्थ्य प्रमुख श्यामबाबु प्रसाद, जयमंगलापुर स्वास्थ्य चौकी के प्रमुख मुन्ना कुमार साह लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

पुर्णखोप घोषणा करावे मे सहजोग करेवाला जनानी स्वास्थ्य स्वमसेबीकालोग आ स्वास्थ्यकर्मीलोग के दोसाला ओढाके प्रमाणपत्र के साथ सम्मानित भी कईले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।