भारत नेपाल के ३४ गो एम्बुलेंस आ ५० गो स्कूल बस दिहलस

वीरगंज ३१ असार
भारत नेपाल के विभिन्न संस्था के ३४ गो एम्बुलेंस आ ५० गो स्कूल बस देले बा। काठमांडू स्थित भारतीय दूतावास नेपाल के अनेक जिला में स्वास्थ्य आ शिक्षाके क्षेत्र में काम करे वाला अनेक संघ- संगठन के ३४ गो एम्बुलेंस आ ५० गो स्कूल बस उपलब्ध करवले बा।
नेपाल में भारतीय राजदूत नवीन श्रीवास्तव शिक्षा, विज्ञान आ प्रविधिमन्त्री मंत्री अशोक कुमार राय के मौजूदगी में एम्बुलेंस आ स्कूल बस के चाभी सौंपले। ई समारोह में अनेक जिला के नगरपालिका मेयर, गाउँपालिका के अध्यक्ष, लाभग्राही संगठन के प्रतिनिधि, राजनीतिक दल के प्रतिनिधि, नेपालके सरकारी अधिकारी आ समाजसेवी लोग भि रहे।
भारतीय दूतावास एगो प्रेस विज्ञप्ति के माध्यम से कहलस कि भारत सरकार भारत के स्वतंत्रता दिवस आ गणतंत्र दिवस के अवसर पर नेपाल के विभिन्न क्षेत्र में लाभार्थी संगठन के १९९४ से एम्बुलेंस आ स्कूल बस उपहार के रूप में उपलब्ध करावत रहल बा।






