आगलागीसे आठ घर जरल, ८ लाख से बेसी के नोक्सानी

प्रभु यादव

बारा २४ कातिक

कलैया उपमहानगरपालिका–२४ सखुई मे आगलगी से आठ घर जरल बा । शोभालाल महतो के घर से अचानक सुनगल आगलागी से घर सब जरल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।

तनकीर महतो बातर, रामलाल महतो बातर, नन्दु चौधरी, किशोर चौधरी, रम्भु चौधरी, सिसुपाल चौधरी आ कारी चौधरी के एक गो टायल के आ सात गो फुस के घर जरल स्थानिय लोग जानकारी करावले बाडन । आगलगी कईसे भईल जवन पता ना लागल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।

आगलगी भईल जगह मे धान, चाउर, गहु, लताकपडा, पईसा सहित के आठ लाख २५ हजार बराबर के नोक्सानी भईल अनुमान कईल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्रा जनकारी करावले बानी ।

जैतापुर प्रहरी चौकी के प्रहरी जवान आ कलैया उपमहानगरपालिका आ निजगढ नगरपालिका से आईल दमलल आगी के मुझवले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।